इलाहाबाद
उत्तर प्रदेश में एगो शहर / From Wikipedia, the free encyclopedia
प्रयागराज (पूर्व नाँव:ईलाहाबाद) भारत देस के उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर बा आ ई प्रयागराज जिला क मुख्यालय हउए। एकर प्राचीन नाँव प्रयाग हवे आ ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ अस्थान हऽ। हर बारिस इहाँ माघ की महीना में माघ मेला लागेला आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला, आ हर कुंभ की छह साल बाद अर्धकुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला विश्व क सबसे बड़हन मेला हवे।
प्रयागराज
इलाहाबाद (पूर्व नाम) | |
---|---|
मेट्रोशहर | |
Nicknames: | |
देस | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
जिला | प्रयागराज |
Government | |
• Body | प्रयागराज नगर निगम |
• मेयर | अभिलाषा गुप्ता[3] |
Area | |
• मेट्रोशहर | 70.5 किमी2 (27.2 बर्ग मील) |
Elevation | 98 m (322 ft) |
Population (2011)[4] | |
• मेट्रोशहर | 1,117,094 |
• Rank | 36वाँ |
• Density | 16,000/किमी2 (41,000/बर्ग मील) |
• Metro | 1,216,719 |
• मेट्रो | 23वाँ |
Demonym | प्रयागराजी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | 211001-18 |
टेलीफोन कोड | +91-532 |
Vehicle registration | UP-70 |
लिंगानुपात | 978 ♂/1000♀ |
ऑफिशियल भाषा | हिंदी |
अन्य आधिकारिक भासा | उर्दू[6] |
Website | prayagraj |
प्रयागराज में इलाहाबाद विश्वविद्यालय एगो विश्वप्रसिद्द इन्वरसिटी बा जेवन ए शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। इलाहाबाद विश्वविद्यालय के 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाला। एकरी आलावा इहँवा इलाहाबाद हाइकोर्ट बा जेवन उत्तर प्रदेश के हाइकोर्ट हवे। ए॰ जी॰ आफिस आ मिलिट्री पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ जाला।
अंग्रेजन की समय में सन 1902 से 1920 ले ई शहर संयुक्त प्रांत क राजधानी रहल आ 1958 ई॰ में भारत क राजधानी रहल। प्रयागराज भारत की स्वतंत्रता संग्राम में ए शहर क बहुत महत्व क अस्थान रहे आ काँग्रेस क चौथा अधिवेशन इहँवा भइल रहे। भारत क पहिला परधानमंत्री पं॰ जवाहिरलाल नेहरू के जनम इहँवे भइल रहे। उहाँ के घर आनंद भवन अब एगो संग्रहालय की रूप में बा।
अकबर क बनवावल इलाहाबाद किला, खुसरो बाग, कंपनी बाग, मिंटो पार्क, थोर्नहिल माएन मेमोरियल, भारती भवन पुस्तकालय, हिंदी साहित्य सम्मलेन, हिन्दुस्तानी एकेडमी, प्रयाग संगीत समिति वगैरह ए शहर क प्रमुख आकर्षण आ महत्व के अस्थान बा।