हिंदू धर्म
भारतीय धर्म / From Wikipedia, the free encyclopedia
हिंदू धर्म जीवन शैली,[note 1] भा धर्म बा जौना के माने वाला लोग प्रमुख रूप से दक्खिन एशिया में बा। हिंदू धर्म के दुनियाँ के सभसे पुरान धर्म मानल जाला,[note 2] आ कुछ अनुयायी आ बिद्वान लोग एकरा के सनातन धर्म, "हमेशा से मौजूद परंपरा" भा "शास्वत मार्ग" के रूप में माने ला जे मानवता के इतिहास से भी पुराना समय से मौजूद होखे।[4][5] बिद्वान लोग हिंदू धर्म के फ़्यूजन[note 3] भा संश्लेषण[6][note 4] माने ला जेह में कईयन गो भारतीय परंपरा आ रिवाज सभ के मेलजोल भइल होखे,[7][note 5] जिनहन के अलग-अलग मूल रहल[8][note 6] आ केहू एगो संस्थापक भा प्रवर्तक ना रहल बा।[9] ई "हिंदू संश्लेषण" वैदिक काल (1500 ईसापूर्व से 500 ईसा पूर्व) के बाद 500 ईपू आ 300 ईसवी के बीच सुरू भइल।[10][10][11]