![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/5/5f/Jnehru.jpg/640px-Jnehru.jpg&w=640&q=50)
जवाहरलाल नेहरू
भारत के पहिला प्रधानमंत्री (1889-1964) / From Wikipedia, the free encyclopedia
जवाहरलाल नेहरु (नवंबर 14, 1889 - मई 27, 1964) एगो भारतीय स्वतंत्रता सेनानी, भारत के पहीलका परधानमंत्री आ आजदी से पहिले आ ओकर बाद के राजनीति के एगो मुख्य किरदार रहन। इहां के 1947 से 1964 ले भारत के परधानमंत्री रहली। इहां क जनम उत्तर प्रदेश की इलाहाबाद में भइल रहे। इहाँ के इनकर कश्मीरी पंडित होखला के चलते पंडित नेहरु ओ कहल जाला आ भारत लइका लोग इहाँ के चाचा नेहरू नांव से चिन्हेला।
जवाहरलाल नेहरू | |
---|---|
![]() आधिकारिक छबि, 1947 | |
भारत के पहिलका परधानमंत्री | |
कार्यकाल 15 अगस्त 1947 – 27 मई 1964 | |
नरेश | जॉर्ज 6 (26 जनवरी 1950 ले) |
राष्ट्रपति | राजेंद्र प्रसाद सर्वपल्ली राधाकृष्णन |
Governor General | The Earl Mountbatten of Burma Chakravarti Rajagopalachari (until 26 January 1950) |
डिप्टी | वल्लभभाई पटेल (1950 ले) |
इनसे पहिले | इंहे के, अन्तरिम भारत सरकार के परधानमंत्री रहली |
इनके बाद | गुलज़ारीलाल नन्दा |
रक्षामंत्री | |
कार्यकाल 31 अक्टूबर 1962 – 14 नवंबर 1962 | |
इनसे पहिले | V. K. Krishna Menon |
इनके बाद | Yashwantrao Chavan |
कार्यकाल 30 जनवरी 1957 – 17 अप्रिल 1957 | |
इनसे पहिले | Kailash Nath Katju |
इनके बाद | V. K. Krishna Menon |
कार्यकाल 10 फरवरी 1953 – 10 जनवरी 1955 | |
इनसे पहिले | N. Gopalaswami Ayyangar |
इनके बाद | Kailash Nath Katju |
Minister of Finance | |
कार्यकाल 13 February 1958 – 13 March 1958 | |
इनसे पहिले | Tiruvellore Thattai Krishnamachariar |
इनके बाद | Morarji Desai |
कार्यकाल 24 July 1956 – 30 August 1956 | |
इनसे पहिले | Chintaman Dwarakanath Deshmukh |
इनके बाद | Tiruvellore Thattai Krishnamachariar |
Minister of External Affairs | |
कार्यकाल 2 September 1946 – 27 May 1964 | |
इनसे पहिले | Position established |
इनके बाद | Gulzarilal Nanda |
Vice President of Executive Council | |
कार्यकाल 2 September 1946 – 15 August 1947 | |
सांसद, लोकसभा | |
कार्यकाल 1952-1964 | |
इनसे पहिले | constituency established |
इनके बाद | Vijaya Lakshmi Pandit |
सीट | Phulpur, उत्तर प्रदेश |
निजी जानकारी | |
जनम | (1889-11-14)14 नवंबर 1889 Allahabad, North-Western Provinces, British India (अबहिन के उत्तर प्रदेश, भारत) |
निधन | 27 मई 1964(1964-05-27) (उमिर 74) नई दिल्ली, भारत |
Resting place | Shantivan |
राजनीतिक पार्टी | भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस |
जीवनसाथी | Kamala Nehru (बि. 1916; नि. 1936) |
संतान | इंदिरा गाँधी |
माई-बाबूजी | मोतीलाल नेहरू Swarup Rani Nehru |
महतारी संस्था | Trinity College, Cambridge (B.A.) Inner Temple (Barrister-at-Law) |
अकुपेशन |
|
सम्मान | भारत रत्न (1955) |
दस्खत | ![]() |
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/d/d7/Bundesarchiv_Bild_183-61849-0001%2C_Indien%2C_Otto_Grotewohl_bei_Ministerpr%C3%A4sident_Nehru_cropped.jpg)
स्वरूप रानी आ मोतीलाल नेहरू के पुत, एगो वकील आ राष्ट्रवादी नेता, नेहरू ट्रिनिटी कॉलेज, केंब्रिज से स्नातक आ इनर टेमपल से वाकालत के पढ़ाई कइली। भारत अइला प इहाँ के इलाहाबाद हाइकोर्ट मे दाखिला लिहली आ भारत के राजनीति मे रुचि लेवे लगली, आ बाद मे वकालत छोड़ि के एही मे आ गइली।
नेहरू आ कांग्रेस के 1930 के दशक मे भारतीय राजनीति के प्रभुत्व के रूप मे देश को आजादी के दिशा मे ले गइल रहे। एगो धर्मनिरपेक्ष राष्ट्र के उनकर बिचार के पुष्टि तब भइल जब कांग्रेस 1937 के प्रांतीय चुनावन के जीत लिहलस आ बहुते प्रांतन मे सरकार बनइलस; दोसरा ओरि, अलगाववादी मुस्लिम लीग के प्रदर्शन बहुत खराब रहल। बाकिर, 1942 मे भारत छोड़ो आंदोलन के बाद ई सभ उपलब्धियन से गंभीर रूप से समझौता कइल गइल, जेह मे अंग्रेज सभ कांग्रेस के एगो राजनीतिक संगठन के रूप मे प्रभावी ढंग से कुचल दिहलस। नेहरू, जे अनिच्छा से तत्काल स्वतंत्रता बदे गांधी जी के आह्वान पर ध्यान दिहलन, काहे कि ऊ दोसरका विश्व जुद्ध घड़ी मित्र देशन के जुद्ध के प्रयासन के समर्थन कइल चाहत रहन, एगो लाम समय के जेल के अवधि से एगो बहुते परिवर्तित राजनीतिक परिदृश्य अइलन। आपन पुरान कांग्रेसी सहजोगी आ अब बिरोधी मुहम्मद अली जिन्ना के नेतृत्व मे मुस्लिम लीग भारत मे मुस्लिम राजनीति पर हावी हो गइल रहे। सत्ता के बंटवारा ला कांग्रेस और मुस्लिम लीग के बीच बातचीत बिफल रहल आ 1947 मे भारत के स्वतंत्रता आ खूनी विभाजन का मार्ग प्रशस्त भइल।
नेहरू के कांग्रेस स्वतंत्र भारत के पहिलका प्रधानमंत्री के पद लेवे बदे चुनलस, अइसे तऽ नेतृत्व के सवाल के 1941 ए मे फरिआ लिहल गइल रहे, जब गांधी नेहरू के आपन राजनीतिक उत्तराधिकारी के रूप मे सकरले रहन। प्रधानमंत्री के रूप मे, उहाँ के भारत के आपन दृष्टिकोण के साकार करे मे लाग गइली। भारत के संविधान 1950 मे अधिनियमित भइल, जेकरा बाद उहाँ के आर्थिक, सामाजिक आ राजनीतिक सुधारन के एगो महत्वाकांक्षी कार्यक्रम के शुरुआत कइली। मुख्य रूप से, उहाँ के एगो बहुल, बहुदलीय प्रणाली के पोषण करत, एगो उपनिवेश से एगो गणतंत्र भारत के संक्रमण के निरीक्षण कइली। बिदेश नीति मे, उहाँ के भारत के दक्खिन एशिया मे एगो क्षेत्रीय आधिपत्य के रूप मे पेश करत गुटनिरपेक्ष आंदोलन मे अग्रणी भूमिका निभइली।
नेहरू के नेतई मे कांग्रेस 1951, 1957 आ 1962 के राष्ट्रीय आ राज्यन के राजनीति मे बहुत नीमन प्रदर्षण कइलस। इहाँ के जनम दिन के भारत मे बाल दिवस के रूप मे मनावल जाला।