From Wikipedia, the free encyclopedia
मिंटो पार्क (अंग्रेजी: Minto Park) भा सरकारी नाँव मदन मोहन मालवीय पार्क इलाहाबाद में एक ठो पब्लिक पार्क बाटे।[1] शहर के दक्खिनी हिस्सा में यमुना नदी के किनारे मौजूद ई पार्क अपना इतिहासी महत्व खातिर प्रसिद्द बाटे। 1 नवंबर 1858 के लार्ड कैनिंग अहिजे से रानी विक्टोरिया के मशहूर घोषणापत्र पढले रहलन।[2] एही घोषणापत्र द्वारा आधिकारिक रूप से भारत पर ब्रिटिश ईस्ट इंडिया कंपनी के शासन के अंत भइल आ भारत ब्रिटिश क्राउन के अधीन भइल। ओह समय इहाँ एक ठो बड़हन मैदान रहल जहाँ एह घोषणा खातिर दरबार लगावल गइल। बाद में इहाँ पार्क बनावे के फैसला भइल आ 1910 में लार्ड मिंटो अहिजा एक ठो चीन्हा के रूप में सफ़ेद संगमरमर के खंभा लगववलें[3] आ पार्क खोल दिहल गइल। बाद में एह ऊपरी हिस्सा के बदल दिहल गइल आ अब एह पर चार शेर के निशान वाला भारत के वर्तमान राजचिह्न बा।[2]
मदन मोहन मालवीय पार्क | |
---|---|
मिंटो पार्क | |
Type | पब्लिक पार्क |
Location | इलाहाबाद |
Founder | लॉर्ड मिंटो |
Open | 1910 |
Status | साल भर खुला |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.