यूनाइटेड किंगडम
यूरोप के देस / From Wikipedia, the free encyclopedia
यूनाइटेड किंगडम ऑफ ग्रेट ब्रिटेन एंड नॉदर्न आयरलैंड[9] (United Kingdom of Great Britain and Northern Ireland), संछेप में यूनाइटेड किंगडम, जौना के आमतौर पर यूके या ब्रिटेन कहल जाला यूरोप के एगो संप्रभु राज्य बाटे। यूरोपीय मुख्य भूमि के उत्तर-पच्छिमी किनारे पर मौजूद यूनाइटेड किंगडम के अंतर्गत, ग्रेट ब्रिटेन (जवना के नाँव बोलचाल में अक्सरहा पुरा देस खातिर इस्तेमाल कइ दिहल जाला) आ आयरलैंड दीप के उत्तरी पूरबी भाग, अ अउरी बहुत सारा छोट-छोट दीप आवेलें।[10] उत्तरी आयरलैंड एक मात्र अइसन हिस्सा बाटे जवन कौनों दूसर राष्ट्र (आयरलैंड रिपब्लिक) के साथे जमीनी सीमा वाला बा।[नोट 7] एह जमीनी सीमा के छोड़ दिहल जाव तब यूके चारों ओर से अटलांटिक महासागर से घेराइल बाटे, जहाँ एकरे पूरुब ओर नॉर्थ सागर, दक्खिन में इंग्लिश चैनल आ दक्खिन-दक्खिन पच्छिम में सेल्टिक सागर बाड़ें। ग्रेट ब्रिटेन आ आयरलैंड के बीच के समुंद्र के आयरिश सागर कहल जाला। क्षेत्रफल में 93,800 वर्ग मील (243,000 किमी2) बिस्तार वाला यूनाइटेड किंगडम दुनिया के 78वाँ संप्रभु राज्य आ यूरोप में 11वाँ अस्थान पर बाटे। जनसंख्या के हिसाब से ई देस 21वाँ नम्बर के सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस बाटे आ एकर जनसंख्या लगभग 65.1 मिलियन बाटे।[11] एही से ई यूरोपियन युनियन के चउथा सभसे घना आबादी वाला देस बाटे।[नोट 8][12]
एह लेख के अंग्रेजी से भोजपुरी में अनुवाद के जरूरत बाटे। ई लेख (या एकर कुछ हिस्सा) अंग्रेजी में लिखल बा। |
यूनाइटेड किंगडम ऑफ ग्रेट ब्रिटेन एंड नॉर्दर्न आयरलैंड | |
---|---|
राष्ट्रगान: "en:God Save the King"[नोट 3] | |
the यूनाइटेड किंगडम के लोकेशन (गहिरा हरियर) – यूरोप (हरियर & गहिरा मटियाहूँ) में | |
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | लंदन |
ऑफिशियल भासा आ राष्ट्रीय भासा सभ | अंग्रेजी |
पहिचानल क्षेत्रीय भासा सभ[नोट 4] | |
एथनिक ग्रुप (2011) | |
लोग कहाला |
|
सरकार | Unitary parliamentary en:constitutional monarchy |
• Monarch | en: Charles III |
Rishi Sunak | |
बिधायिका | Parliament |
• ऊपरी सदन | en:House of Lords |
• निचला सदन | House of Commons |
Formation | |
1 मई 1707 | |
1 जनवरी 1801 | |
5 दिसंबर 1922 | |
रकबा | |
• कुल | 242,495 किमी2 (93,628 वर्ग मील)[3] (78वाँ) |
• जल (%) | 1.34 |
जनसंख्या | |
• 2016 अनुमान | 65,102,385[4] (22वाँ) |
• 2011 जनगणना | 63,181,775[5] (22वाँ) |
• Density | 255.6/किमी2 (662.0/वर्ग मील) (51वाँ) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2015 अनुमान |
• कुल | $2.679 trillion (9वाँ) |
• प्रति ब्यक्ति | $41,159[6] (25वाँ) |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2015 अनुमान |
• कुल | $2.849 trillion (5वाँ) |
• Per capita | $43,771[6] (13वाँ) |
गिनी (2014) | 31.6[7] medium · 33वाँ |
एचडीआइ (2014) | 0.907[8] very high · 14वाँ |
करेंसी | पौंड स्टर्लिंग[नोट 5] (GBP; £) |
टाइम जोन | GMT[नोट 6] (यूटीसी) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | BST (यूटीसी+1) |
तारीख प्रारूप | dd/mm/yyyy (AD) |
ड्राइविंग | left |
कालिंग कोड | +44 |
इंटरनेट टीएलडी | .uk |
युनाइटेड किंगडम एगो en:constitutional monarchy (संबैधानिक राजतंत्र) हवे जहाँ संसदीय ब्यवस्था वाला शासन बाटे।[13][14] एकर राजधानी लंदन, एगो महत्वपूर्ण बैस्विक शहर आ फाइनेंस के केन्द्र बाटे जहाँ के शहरी आबादी 10,310,000 बा आ ई यूरोप के चउथा सभसे बड़ा शहर बाटे।[15] वर्तमान में एकर इहाँ के राजशाही के प्रमुख 6 फरवरी 1952 से महारानी एलिजाबेथ II बाड़ी। यूनाइटेड किंगडम में चार गो देस (country) आवे लें: इंग्लैंड, स्कॉटलैंड, वेल्स, आ उत्तरी आयरलैंड।[16] बाद के तीनों के प्रशासनिक स्वायत्तता दिहल गइल बाटे,[17] हालांकि, ई तीनों खातिर अलग-अलग किसिम के बाटे[18][19] आ इनहन के राजधानी, क्रम से एडिनबर्ग, कार्डिफ, आ बेलफास्ट बा। नगिचे के आइल्स ऑफ मैन, बालिविक ऑफ गुएर्नसी आ बालिविक ऑफ जर्सी युनाइटेड किंगडम के हिस्सा ना हवे बलुक, en:Crown dependencies हवें ब्रिटिश सरकार इनहन के सुरक्षा आ अंतर्राष्ट्रीय प्रतिनिधित्व करे ला।[20]