![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/e/e1/Irish_Sea_satellite_image.jpg/640px-Irish_Sea_satellite_image.jpg&w=640&q=50)
आयरिश सागर
समुंद्र / From Wikipedia, the free encyclopedia
आयरिश सागर (अंग्रेजी: Irish Sea; आयरिश: Muir Éireann,[1]), आयरलैंड आ ग्रेटब्रिटेन के बिलग करे ला। ई सागर दक्खिन ओर, सेंट जॉर्ज चैनल द्वारा सेल्टिक सागर से जुडल बाटे[2] आ उत्तर ओर नॉर्थ चैनल से। Anglesey एह सागर में सभसे बड़ा दीप बाटे आ दूसरा सभसे बड़ा दीप प्रसिद्ध आइल्स ऑफ मैन बा। कभी-कभी कुछ बहुत कम आ बिसेस अवसर पर एह सागर के मांक्स सागर (Manx Sea, आयरिश: Muir Meann) भी कहल जाला।[3] मान्स्क: Mooir Vannin, स्कॉटिश गैलिक: Muir Mhanainn).[4][5][6]
आयरिश सागर Irish Sea | |
---|---|
![]() उपग्रह से लिहल तस्वीर | |
![]() गहिराई माप आ बंदरगाह: ◘ = फेरी बंदरगाह / ◘ = खाली माल बंदरगाह | |
लोकेशन | ग्रेट ब्रिटेन आ आयरलैंड के बिचा में |
निर्देशांक | 53°N 5°W |
प्रकार | सागर |
थाला के देस | यूनाइटेड किंगडम; रिपब्लिक ऑफ आयरलैंड; आइल्स ऑफ मैन |
दीप | Anglesey and Holy Island, Isle of Man आ Calf of Man, Bardsey Island, Walney Island, Lambay Island, Ireland's Eye |
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/0/06/Solar_eclipse_1715May03_Halley_map.png/320px-Solar_eclipse_1715May03_Halley_map.png)
एह क्षेत्र के ब्यापार खतिर ई सागर के काफ़ी महत्व बाटे आ जहाज से यातायात आ मछरी पकड़े आ ऊर्जा उत्पादन के क्षेत्र में भी महत्व वाला बा। आयरलैंड आ ब्रिटेन के बीचा में सालाना ट्रैफिक देखल जाय त 12 मिलियन से कुछ ढेरे पसिंजर आ 17 मिलियन टन (17,000,000 लांग टन; 19,000,000 शार्ट टन) के आसपास के माल ढोवल जाला।