समुंद्र From Wikipedia, the free encyclopedia
सेल्टिक सागर (अंग्रेजी: Celtic Sea; आयरिश: An Mhuir Cheilteach) अटलांटिक महासागर के एगो हिस्सा बा जवन आयरलैंड के दक्खिनी किनारे के ओर बाटे आ एकर पूरबी सीमा सेंट जॉर्ज चैनल से बने ले;[1] आ अन्य सीमा में शामिल बाड़ें ब्रिस्टल चैनल, इंग्लिश चैनल, आ बिस्के के खाड़ी, आ जमीनी सीमा के रूप में वेल्स, कॉर्नवाल, डिवॉन, आ ब्रिटनी बा। दक्खिनी आ पच्छिमी सीमा के बिस्तार उहाँ ले बा जहाँ ले यूरोपियन महादीप के महादीपीय शेल्फ के बिस्तार बाटे आ जहाँ के बाद गहिराई में अचानक तेज बढ़ती होले। आइल्स ऑफ स्किली छोट-छोट दीप सभ से बनल दीपमाला बाटे जे एह सागर में मौजूद बा।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.