![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/b0/Forms_of_government_parliamentary_2021_December.svg/langbh-640px-Forms_of_government_parliamentary_2021_December.svg.png&w=640&q=50)
संसदीय ब्यवस्था
From Wikipedia, the free encyclopedia
संसादीय ब्यवस्था (अंग्रेजी: Parliamentary system) राज्य के लोकतांत्रिक शासन के एगो ब्यवस्था होला जेह में कार्यपालिका आपन लोकतांत्रिक अधिकार बिधायिका (संसद) से ग्रहण करे ले आ संसद के प्रति जिम्मेवार होले। संसदीय बेवस्था में, आमतौर पर, राज्याध्यक्ष, सरकार के मुखिया से अलग केहू दूसर बेकती होला। ई राष्ट्रपति ब्यवस्था के ठीक उलट बाटे जहाँ राज्याध्यक्ष आ सरकार के मुखिया एकही ब्यक्ति होला, आ सभसे जरूरी बात ई कि कार्यपालिका आपन लोकतांत्रिक बैधानिकता बिधायिका से ना ग्रहण करे ले।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/b0/Forms_of_government_parliamentary_2021_December.svg/320px-Forms_of_government_parliamentary_2021_December.svg.png)
संसदीय ब्यवस्था वाला देस भी संबैधानिक राजतंत्र हो सके लें। अइसन स्थिति में राज्य के प्रमुख (राज्याध्यक्ष) एगो राजा भा रानी होला आ सरकार के प्रमुख प्रधानमंत्री (या अइसने कौनों पदवी) होला।
कुछ देस अइसन भी बाड़ें, जइसे की बोत्स्वाना, दक्खिन अफिरका आ सूरीनाम; जहाँ सरकारे के मुखिया राज्य के भी मुखिया होला बाकिर ऊ चुनल जाला आ बिधायिका के प्रति जिम्मेवार होला।