अंग्रेजी
पच्छिम जर्मनिक भाषा / From Wikipedia, the free encyclopedia
अंग्रेजी, भा अंग्रेज़ी भाषा (अंग्रेजी: English language) मूल रूप से इंग्लैंड क भाषा हवे जेवन अब हर ओ देश में बोलल जात बा जहाँ जहाँ अंग्रेज लोग राज कइलें। आज अमेरिका, आस्ट्रेलिया आ न्यूज़ीलैंड जइसन देशन में ई मुख्य भाषा बा आ भारतीय क्षेत्र में भी ए भाषा क चलन बहुत बा। भारत के मिजोरम नीयन कुछ राज्यन में ई सरकारी भाषा हवे।
अंग्रेजी | |
---|---|
उच्चारण | /ˈɪŋɡlɪʃ/[1] |
नृजातीयता | English people/Anglo-Saxons (historically) |
मूल बोले वाला | 360–400 million (2006)[2] L2 speakers: 750 million; as a foreign language: 600–700 million[2] |
इंडो-यूरोपियन
| |
प्रारंभिक रूप | Old English
|
| |
Signed forms | Manually coded English (multiple systems) |
ऑफिशियल स्टेटस | |
सरकारी भाषा बाटे |
Various organisations
|
भाषा कोड | |
ISO 639-1 | en |
ISO 639-2 | eng |
ISO 639-3 | eng |
Glottolog | stan1293 [3] |
Linguasphere | 52-ABA |
Regions where English is a majority native language
Regions where English is official but not as a primary native language | |
This article contains IPA phonetic symbols. Without proper rendering support, you may see question marks, boxes, or other symbols instead of Unicode characters. |
भाषा बिज्ञान के बँटवारा के हिसाब से अंग्रेजी एगो पच्छिमी जर्मनिक भाषा हवे जे मध्यकालीन इंग्लैंड में बोलल जाय आ अब बैस्विक रूप से संपर्क भाषा (लिंग्वा फ़्रैंका) बन चुकल बा।[4][5] प्राचीन काल में जर्मनिक मूल के एंगल्स नाँव के एगो जनजाति उत्तर-पूरुब दिशा से प्रवास क के इंग्लैंड आइल रहे जिनहन लोग के नाँव में एह भाषा के नाँव के जरि बा। अंतिम रूप से एह भाषा के नाँव बाल्टिक सागर में मौजूद एंग्लिया या एंग्लेन नाँव के प्रायदीप के नाँव पर पड़ल। अपना उच्चारण आ ब्याकरण के हिसाब से ई फ्रायसियन भाषा से सभसे नजदीक हवे, हालाँकि, एकरे शब्दभंडार में कई गो जर्मनिक भाषा सभ के परभाव सुरुआती मध्यकाल में पड़ल आ बाद में एह पर रोमांस भाषा सभ, खासतौर पर फ्रांसीसी आ लैटिन भाषा, के परभाव बहुत ढेर पड़ल।[6]