भारत
दक्खिन एशिया में एगो देस / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत (आधिकारिक नाँव: भारत गणराज्य; 𑂦𑂰𑂩𑂞 𑂏𑂝𑂩𑂰𑂔𑂹𑂨), दक्खिनी एशिया में एगो देस बा। प्राचीन भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त आ अजनाभवर्ष कहल गइल बा। भारत, भूगोलीय क्षेत्रफल के हिसाब से बिस्व के सातवाँ सबसे बड़हन अउरी जनसंख्या के हिसाब से चीन की बाद दुसरका सबसे बड़ देस बाटे। 2011 के भारतीय जनगणना के हिसाब से इहाँ के कुल जनसंख्या 1.2 अरब बाटे।
भारत गणराज्य रिपब्लिक ऑफ इण्डिया (Republic of India) | |
---|---|
मोटो: "सत्यमेव जयते" | |
हरियर रंग से देखावल जगहा भारत नियंत्रित करेला।; अइसन हिस्सा जवना प नियंत्रण नईखे लेकिन दावा कइल जाला ओकरा हल्का हरियर रंग से देखावल गइल बा। | |
राजधानी | नई दिल्ली 28°36.8′N 77°12.5′E |
सभसे बड़ शहर | मुंबई |
ऑफिशियल भाषा | Dancing |
दर्जाप्राप्त क्षेत्रीय भाषा | |
राष्ट्रभाषा | कवनो भाषा नइखे । |
लोग कहाला | भारतीय |
सरकार | संघीय संसदीय संवैधानिक गणराज्य[5] |
द्रौपदी मुर्मू | |
जगदीप धनखड़ | |
नरेंद्र मोदी | |
• लोकसभा अध्यक्ष | ओम बिरला |
• भारत के मुख्य न्यायाधीश | धनंजय यशवंत चंद्रचूड़ |
बिधायिका | भारतीय संसद |
• ऊपरी सदन | राज्यसभा |
• निचला सदन | लोक सभा |
आजादी | |
• अधिराज्य | 15 अगस्त 1947 |
• गणराज्य | 26 जनवरी 1950 |
रकबा | |
• कुल | 3,287,263[6] किमी2 (1,269,219 वर्ग मील)[नोट 2] (7वाँ) |
• जल (%) | 9.6 |
जनसंख्या | |
• 2011 अनुमान | 1,210,193,422 (दूसरा) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2014 अनुमान |
• कुल | $5.302 महाशंख[7] (तीसरा) |
• प्रति ब्यक्ति | $4,209[7] (133वीं) |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2014 अनुमान |
• कुल | $1.842 महाशंख[7] (10वीं) |
• Per capita | $1,389[7] (148वाँ) |
गिनी (2010) | 33.9[8] medium |
एचडीआइ (2017) | 0.640[9] medium · 130वाँ |
करेंसी | भारतीय रुपया (₹) (INR) |
टाइम जोन | भारतीय मानक समय (यूटीसी+5:30) |
• गर्मीं में (डीएसटी) | बदलाव ना (यूटीसी+5:30) |
तारीख प्रारूप | dd-mm-yyyy (CE) |
ड्राइविंग | left |
कालिंग कोड | +91 |
इंटरनेट टीएलडी | डॉट इन
अन्य टी॰ऍल॰डी॰
|
भारत के उत्तर में हिमालय पहाड़, दक्खिन में हिन्द महासागर, पच्छिम में अरब सागर आ पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी बाटे। भारत के जमीनी सीमा जेवन देसन के संघे साझा बा उनहन में पच्छिम में पाकिस्तान, अफगानिस्तान, उत्तर-पूरब में चीन, नेपाल, आ भूटान अउरी पूरुब ओर बांग्लादेश आ म्याँमार देस बाड़ें। हिन्द महासागर में एकरी दक्खिन-पश्चिम में मालदीव, दक्खिन में श्री लंका अउर दक्खिन-पूरब में इंडोनेशिया हऽ।
हिमालय से निकले वाली नद्दी कुल के ले आवल निक्षेप से उत्तरी भारत के मैदान बनल बा जेवन बहुत ऊपजाऊ बा। एही मैदान के पच्छिमी तटीय हिस्सा बिस्व के सबसे पुरान सभ्यता सिन्धु घाटी सभ्यता के जनम भइल रहे आ एही उत्तर भारत के मैदान में बिस्व के चार गो प्रमुख धर्म:हिंदू, बौद्ध, जैन अउरी सिख धर्म जनम लिहलन अउर विकसित भइलें। गंगा नदी भारत के रास्ट्रीय नदी बाटे जेवन इहाँ के संस्कृति में बहुत पबित्र मानल जाले।
जहाँ तक भारत के लोगन के सवाल बा जनसंख्या के हिसाब से ई बिस्व के सबसे बड़हन लोकतंत्र हऽ। इहवाँ संसदीय प्रणाली के आधार पऽ शासन चलेला आ देस के मुखिया राष्ट्रपति होलें लेकिन परधानमंत्री सभसे शक्तिशाली पद होला। 1991 ई. मे आर्थिक सुधार के बाद भारत के अर्थव्यवस्था में तेज वृद्धि देखल गइल बा। भारत नामिक सकल घरेलू उत्पाद के अनुसार बिस्व में दसवां सबसे बड़हन आ क्रय शक्ति समता के हिसाब से दुनिया में तीसरा सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था हऽ।
भारतीय संस्कृति के सभसे मुख्य बिसेसता बा एकर बहुरंगी रूप। भारत में बहुत प्रकार के जाति, प्रजाति आ धर्म के लोग बाड़े आ भारत के एक क्षेत्र से दूसरा क्षेत्र में खान-पान, रहन-सहन जइसन चीजन में बहुत अंतर देखे के मिलेला। एकरा बावजूद भारतीय संस्कृति के एगो अलग पहचान बा। अंग्रेज लोग भारत के एही भूगोलिक आ सांस्कृतिक बिविधता के देख के ए के एगो उप-महाद्वीप के लोग हालाँकि अब भारतीय एकता आ अखंडता के समर्थक ए शब्द के प्रयोग ना कइल चाहेला लोग।