धर्म
From Wikipedia, the free encyclopedia
ई लेख भारतीय परंपरा में धर्म के बिचार के बारे मे बा, अन्य अर्थ खातिर, धर्म (बहुअर्थी) देखल जाय।
धर्म ([dʱəɾmə]; संस्कृत: धर्म, सुनीं (मदद·जानकारी); पालि: धम्म) भारतीय परंपरा में एगो बहुत महत्व के बिचार बा जेकर कई ठे अरथ होला।[8] अंग्रेजी भा पच्छिमी बिचार में एकरा खातिर कौनों एक शब्द के अनुबाद मौजूद नइखे।[9] आमतौर पर एह शब्द के इस्तेमाल अंग्रेजी के रेलिजन खातिर भी होला।