![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/d1/Mount_Everest_as_seen_from_Drukair2_PLW_edit.jpg/640px-Mount_Everest_as_seen_from_Drukair2_PLW_edit.jpg&w=640&q=50)
हिमालय
एशिया में एगो परबतमाला जहाँ कई गो सभसे ऊँच चोटी बा / From Wikipedia, the free encyclopedia
हिमालय (अंग्रेजी: Himalayas) दक्खिन आ पूर्बी एशिया मे परबत माला हऽ, जवन भारतीय उपमहादीप आ तिब्बती पठार के बीचा में पुरुब-पच्छिम बिस्तार लिहले बा। ई एगो बिसाल परबत तंत्र हवे जहाँ संसार का सबसे बेसी ऊँचाई वाला अधिकांश पहाड़ी चोटी मौजूद बाड़ी। ए हिमालयी परबत तंत्र में करीब 110 गो चोटी 7,300 मीटर (24,000 फीट) से अधिका ऊँचाई वाली बाड़ी सऽ[1] जिनहन में बिस्व क सभसे ऊँच परबत चोटी माउंट एवरेस्टो सामिल बा।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/7d/Aerial_photograph_of_the_Himalayas%2C_Ladakh_02.jpg/640px-Aerial_photograph_of_the_Himalayas%2C_Ladakh_02.jpg)
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/79/Himalayas.jpg/640px-Himalayas.jpg)
हिमालय | |
---|---|
![]() माउंट एवरेस्ट | |
Highest point | |
परबतचोटी | माउंट एवरेस्ट (नेपाल आ चीन) |
ऊँचाई | 8,848 मी (29,029 फीट) |
लोकेशन (भूगोलीय) | 27°59′17″N 86°55′31″E |
डाइमेंशन | |
लंबाई | 2,400 किमी (1,500 मील) |
भूगोल | |
देस | |
राज्य/प्रांत | एशिया |
भूबिज्ञान की हिसाब से देखल जाय त हिमालय परबत सभसे नया परबतन में गिनल जाला। एकरे उत्पत्ती क इतिहास देखल जाय त अन्य पर्वतन के तुलना में ई बहुते नया बा आ अभिन भी विकसिते हो रहल बा।
हिमालय पहाड़ के बिस्तार कुल छह गो देस — पाकिस्तान, भारत, नेपाल, भूटान चीन आ म्यांमार में बाटे। हिमालय से निकले वाली नद्दिन क ए इलाका खातिर महत्व बा। सिन्धु, सतलज, गंगा, सरजू, गंडक, कोसी, ब्रह्मपुत्र आ यांग्त्सी नदी हिमालय से निकले वाली कुछ मेन-मेन नदी बाड़ीं कुल। हिमालय परबत श्रेणी में 15 हजार से अधिका ग्लेशियर बाड़न सऽ जिनहन क बिस्तार करीब-करीब 12,000 वर्ग किलोमीटर क्षेत्र पर बाटे।