मार्च
From Wikipedia, the free encyclopedia
मार्च ग्रेगरियन कैलेंडर आ जूलियन कैलेंडर दुनों में तिसरा महीना ह। ई महीना 31 दिन के होला आ साल के अइसन दुसरा महीना हवे। एकरा पहिले फरवरी आ एकरे बाद अप्रैल के महीना पड़े लें। उत्तरी गोलार्ध में मार्च के महीना से बसंत के सुरुआत होला जबकि खगोलीय तरीका से 20 या 21 मार्च के बसंत बिसुव (दिन-रात बराबर) पड़े ला आ खगोलीय बसंत के सुरुआत होला। दक्खिनी गोलार्ध में ई पतझड़ के सुरुआत होला।
1 | 2 | |||||
3 | 4 | 5 | 6 | 7 | 8 | 9 |
10 | 11 | 12 | 13 | 14 | 15 | 16 |
17 | 18 | 19 | 20 | 21 | 22 | 23 |
24 | 25 | 26 | 27 | 28 | 29 | 30 |
31 |
भारतीय हिसाब से मार्च के महीना में फागुन-चइत के महीना ओभरलैप करे लें आ शिवराति आ होली नियर तिहुआर अक्सरह मार्च के महीना में पड़े लें काहें से कि इनहन के हिंदू पतरा अनुसार पड़े वाला तिथी के आधार पर मनावल जाला।