![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f1/Jaipur_Chaitra_month.jpg/640px-Jaipur_Chaitra_month.jpg&w=640&q=50)
चइत
हिंदू महीना / From Wikipedia, the free encyclopedia
चइत (चैत्र) हिंदू कलेंडर के एक ठो महीना बा। ई कई क्षेत्रन में साल के पहिला महीना हवे जे फागुन के बाद आ बइसाख के पहिले आवे ला।
Quick Facts चइत, मूल नाँव ...
चइत | |
---|---|
![]() चैत्र मास, जयपुर के मिनियेचर पेंटिंग (वारसा के म्यूजियम में) | |
मूल नाँव | चैत्र (संस्कृत) |
कलेंडर | हिंदू कलेंडर |
महीना के गिनती | 12 |
सीजन | बसंत |
अंग्रेजी कलेंडर में | फरवरी-मार्च |
महत्व के दिन | |
Close
काशी क्षेत्र में प्रचलन में बिक्रम संवत के अनुसार चइत के अँजोरिया (शुक्लपक्ष) से नया साल के सुरुआत होला। एह तरह से एह महीना के आधा हिस्सा पुरान साल में पड़ेला आ आधा नया साल में। अंग्रेजी (ग्रेगोरियन कैलेंडर) के हिसाब से एह महीना के सुरुआत कौनों फिक्स डेट के ना पड़ेला बलुक खसकत रहेला। आमतौर पर ई मार्च-अप्रैल के महीना में पड़े ला।
भारतीय राष्ट्रीय पंचांग, जेवन सुरुज आधारित होला, में चइत पहिला महीना हवे आ ग्रेगोरियन कैलेंडर के 20/21 मार्च से एकर सुरुआत होले। नेपाल में प्रयुक्त कैलेंडर के हिसाब से ई साल के अंतिम महीना हवे। बंगाली कैलेंडर में भी ई आखिरी महीना होला।