एक्वाडक्ट (अंग्रेजी: Aqueduct; लातीन Aqua, "पानी" आ ducere, "पहुँचावल", से मिल के बनल शब्द) कौनों अइसन सिस्टम होला जौना के इस्तेमाल से पानी बहा के एक जगह से दुसरा जहग ले जाइल जा सके,[1] उदाहरण खातिर, नहर, नाला, पाइपलाइन, सुरंग वगैरह। एकरे अलावा ई शब्द पानी ले जाए वाली नहर या सुरंग के ओह हिस्सा के भी कहल जाला जहाँ ई पुल के रूप में होखे।[1] एक्वाडक्ट शब्द लातीनी भाषा से अंग्रेजी में आइल हवे आ ई लातिन के एक्वा, मतलब "पानी" आ डूसेरे, "पहुँचावल" से बनल बाटे। एक्वाडक्ट सभ के इस्तमाल प्राचीन मिस्र, प्राचीन यूनान आ प्राचीन रोम में होखे। वर्तमान समय में अमेरिका में इहाँ के बड़ा शहर सभ खातिर पानी पहुँचावे बदे नहर के रूप में कई ठो एक्वाडक्ट बनावल गइल बाड़ें।

Thumb
हंपी, कर्नाटक, में मौजूद एगो प्राचीन भारतीय एक्वाडक्ट

भारत

भारतीय उपमहादीप में, प्राचीन काल में, दुनिया के सभसे पुरान एक्वाडक्ट बनावे के बात मानल जाले। एकर निसानी के रूप में वर्तमान कर्नाटक में हंपी के एक्वाडक्ट के उदाहरण दिहल जा सके ला जहाँ तुंगभद्रा नदी के पानी ले आवे वाला लगभग 15 मील (24 किमी) लमहर एक्वाडक्ट मिलल बा।[2] शाही नहानघर में पानी के सप्लाई खातिर अइसने एक्वाडक्ट के इस्तमाल होखे।

प्राचीन रोम

रोम के लोग एक्वाडक्ट बनावे के कला में माहिर रहल आ कई ठो अइसन एक्वाडक्ट बनावल जवन आज के समय में इतिहासी धरोहर बाटे। ई एक्वाडक्ट सगरी रोमन साम्राज्य में बनल गइल रहलें, जर्मनी से ले के अफिरका ले। अकेले रोम में लगभग सगरी मिला के 415 किमी के लंबाई वाला एक्वाडक्ट सिस्टम रहल। इनहन के इस्तेमाल पिये खातिर साफ़ पानी से ले के नहाये आ सिंचाई खातिर भी पानी ले आवे बदे होखे। रोमन साम्राज्य के कई ठो शहरन खातिर बहुत दूर से पानी ले आवे खातिर एक्वाडक्ट बनल रहलें। रोमन एक्वाडक्ट के अतना महत्व के कारण एह समय के बनल एक्वाडक्ट पुल सभ के भी एक्वाडक्ट शब्द से पुकारल जाला।[1]

फोटो गैलरी

संदर्भ

बाहरी कड़ी

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.