इतिहासी धरोहर स्थल From Wikipedia, the free encyclopedia
हंपी चाहे हम्पी भारतीय राज्य कर्नाटक के पुरबी हिस्सा में बेलारी जिला, अब विजयनगर जिला, के हंपी (शहर) के लगे एगो इतिहासी विरासत के साइट बाटे। ई यूनेस्को द्वारा बिस्व धरोहर के लिस्ट में शामिल बा। एकर इतिहास विजयनगर साम्राज्यो ले पुरान ह आ एकर जिकिर रामायण आ पुराणन में पंपा देवी (पार्वती के नाँव) तीर्थ क्षेत्र के रूप में आइल बाटे। आजो ई एगो तीरथ के रूप में मौजूद बा जहाँ विरूपाक्ष मंदिर, आदि शंकर से जुड़ल एगो चालू मठ आ अउरी हिंदू मंदिर बाड़ें जहाँ पूजा-अर्चना होखे ला। इनहन के अलावा एहिजे कई सारा पुरान धरोहर वाला ढाँचा बाड़ें।
ई इतिहासी शहर विजयनगर साम्राज्य के लमहर समय ले राजधानी रहल, 1336 1565 ले जबले एकरा के छोड़ ना दिहल गइल। ई किलेबंदी वाला शहर रहल। ईरानी आ यूरोपीय यात्री लोगन के बिबरन, खास क के पुर्तगाली लोगन के बिबरन, ई गवाही देलें कि तुंगभद्रा नदी के तीरे ई शहर धन-संपदा से भरपूर आ शानदार शहर रहल जहाँ कई ठे मंदिर, खेती के जमीन आ बजार रहलें। 1500 ईस्वी के आसपास के जमाना में, हंपी चीन के शहर बीजिंग के बाद पुरा दुनियाँ में दुसरा सभसे बड़हन शहर रहल आ भारत के सबसे धनी-मनी शहर रहल, जइसन कि मुस्लिम आ पुर्तगाली यात्री लोगन के कहनाम बा। विजयनगर राज के मुस्लिम सल्तनत सभ के सझिया कोसिस आ सेना द्वारा 1565 में जीतल आ तहस-नहस क दिहल गइल, जेकरा बाद ई खंडहर के रूप में बचल।
आज्काल्ह ई एगो छोट कस्बा हंपी (शहर) के लगे बाटे, होस्पेट शहर एहिजे से करीबन 13 किमी दूरी प बाटे। हंपी के इतिहासी बचल-खुचल अवशेष सब करीबन 16 वर्गमील में फइलल बाड़ें जिनहन में 1600 से बेसी खंडहर बाड़ें जिनहन में मंदिर, गढ़, मठ, खम्हा वाला हाल, मंडप, यादगार ढाँचा आ पानी के एकट्ठा करे वाला ढाँचा सामिल बाड़ें।
ई भारतीय इतिहास-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.