सेगोविया के एक्वाडक्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
सेगोविया के एक्वाडक्ट (अंग्रेजी: Aqueduct of Segovia) (या एक्वाडक्ट पुल) एक ठो रोमन एक्वाडक्ट बाटे जे स्पेन के आइबेरियन प्रायदीप इलाका में सेगोविया में बाटे। ई पुल पानी बहा के ले जाए वाला सिस्टम, एक्वाडक्ट, के हिस्सा के रूप में बनल पुल हवे जे रोमन काल में बनल रहल। एकरे निर्माण के बिल्कुल सटीक समय के जानकारी नइखे काहें से कि एह पर समय बतावे वाला लेख जवना पत्थर पर लिखल रहल ऊ अब मौजूद नइखे।
यूनेस्को बिस्व धरोहर स्थल | |
---|---|
पैमाना | Cultural: i, iii, iv |
संदर्भ | 311 |
इंस्क्रिप्शन | 1985 (9th सेशन) |
ई स्पेन के एक ठो प्रमुख धरोहर, इतिहासी महत्व के इमारत आ पर्यटन के आकर्षण बाटे। अपने तरह के एक्वाडक्ट सभ में ई दुनिया के सभसे सुरक्षित बचल इमारत सभ में एक बा। एही से एकरा इतिहासी महत्व के देख के ई यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल के रूप में घोषित बाटे। सेगोविया खातिर एकरे महत्व के अंजाद एही बात से लगावल जा सके ला कि ई उहाँ के "निशान" (coat of arms) पर बनल बाटे।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.