![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/4/45/Mahabharat_Range_at_Tansen_2.jpg/640px-Mahabharat_Range_at_Tansen_2.jpg&w=640&q=50)
मध्य हिमालय
हिमालय के बिचला परबत श्रृंखला / From Wikipedia, the free encyclopedia
मध्य हिमालय भा बिचला हिमालय, जेकरा के लोवर हिमालयन शृंखला, छोटका हिमालय भा खाली भर हिमाचल भी कहल जाला — भारतीय उपमहादीप के सभसे उत्तरी इलाका सभ में 3,700 से 4,500 मीटर (12,000 से 14,500 फीट[1] ऊँचाई वाली एगो प्रमुख पूरब-पच्छिम परबत श्रेणी हवे।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/4/45/Mahabharat_Range_at_Tansen_2.jpg/640px-Mahabharat_Range_at_Tansen_2.jpg)
ई हिमालय परबत के तीन गो प्रमुख्य समानांतर शृंखला में से बिचली हवे - पाकिस्तान के सिंधु नदी से लेके उत्तर में बहुत ऊँच महान हिमालय के समानांतर उत्तरी भारत, नेपाल आ भूटान भर में एकर बिस्तार बा लेकिन भूटान के पुरुब में दुनो श्रृंखला के अलग कइल मुश्किल हो जाला जब ब्रह्मपुत्र नदी के ओर बढ़ल जाय। हिमाचल शृंखला के दक्खिन ओर निचला शिवालिक भा चुरिया श्रृंखला (जेकरा के बाहरी हिमालय कहल जाला) एकरे समानांतर बा।
पीर पंजाल श्रेणी एह बिचला हिमालय के सभसे बड़ श्रेणी हवे जे मुख्य रूप से जम्मू-काश्मीर में पड़े ला। पुरुब ओर बढ़े पर हिमाचल प्रदेश में पड़े वाली धौलाधार, उत्तराखंड के गढ़वाल हिमालय आ अउरी आगे पुरुब जाए पर नेपाल के महाभारत श्रेणी एही बिचला हिमालय के हिस्सा हईं। एकरा बाद ई महान हिमालय के साथे लगभग बिलय हो जाले।