पीर पंजाल हिमालय के एगो परबतश्रेणी हवे। ई बिचला हिमालय भा मध्य हिमालय के श्रेणी ह जे पाकिस्तान के पंजाब आ पाकिस्तान शासित काश्मीर से भारत के जम्मू अउरी काश्मीर संघ राज्यक्षेत्र होखत हिमाचल प्रदेश ले बिस्तार लिहले बाटे। एकर औसत ऊँचाई 1,400 मी (4,600 फीट) से 4,100 मी (13,500 फीट) बाटे।[1]

Thumb
हिमाचल प्रदेश के खिज्जर से देखे पर पीर पंजाल।

धौलाधार श्रेणी के और बढ़े पर हिमालय के ऊँचाई बढ़े लागे ले। पीर पंजाल मध्य हिमालय के सबसे लमहर श्रेणी हवे जे सतलुज नदी के किनारे से हिमालय से अलगा हो जाले आ एकरे एक ओर उत्तर में झेलम नदी बहे ले जबकि दुसरे ओर ब्यास आ रावी नदी बहे लीं। परसिद्ध गायलत परबत एही पीर पंजाल श्रेणी के हिस्सा हवे।

इतिहासी रूप से ई परबत श्रेणी जम्मू के इलाका आ काश्मीर के इलाका के बीचा में बैरियर के काम करे ले आ एह श्रेणी में मौजूद कई गो दर्रा सभ से आवाजाही संभव होखे ले। एकरे दर्रा सभ में पीर पंजाल दर्रा सभसे प्रमुख बा; जबकि अउरी दोसर दर्रा सभ हाजी पीर दर्रा आ बनिहाल दर्रा बाड़ें। पीर पंजाल दर्रा काश्मीर घाटी के राजौरी आ पुंछ इलाका से जोड़े ला।

इहो देखल जाय

संदर्भ

Wikiwand in your browser!

Seamless Wikipedia browsing. On steroids.

Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.

Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.