शिवालिक
हिमालय के तीन गो में से सबसे दक्खिनी आ नया परबत श्रेणी / From Wikipedia, the free encyclopedia
शिवालिक भा शिवालिक श्रेणी हिमालय परबत के सबसे दक्खिनी श्रेणी हवे आ एकरा के बाहरी हिमालय भी कहल जाला। भूबिज्ञान के दृष्टि से ई सबसे नई परबत श्रेणी हवे। एकरा दक्खिन में तराई क्षेत्र एगो पट्टी के रूप में बा आ उत्तर ओर बिचला हिमालय क श्रेणी बाड़ी स। एकर कई ठे क्षेत्रीय नाँव भी बाड़ें जइसे नेपाल में चुरिया पहाड़ी[1], बुटवल पहाड़ी वगैरह। हिमालय के अन्य श्रेणी सब नियर ई लगातार रूप में ना पावल जाले आ बीच बीच में गैप मिले ला। तीस्ता गैप एह सब में सभसे प्रमुख आ चाकर बाटे। अंत में पूरबी हिस्सा में, अरुणाचल प्रदेश में, ई बिचला हिमालय के साथ लगभग एकाकार हो गइल बाटे।
शिवालिक के शाब्दिक उत्पत्ति शिव, हिंदू देव आ अलक, लट या जटा शब्दन से भइल बतावल जाला। कुछ संस्कृत ग्रंथन में एकरा के मैनाकगिरि के रूप में भी बाताव्ल गइल बाटे।[2]