हैती
From Wikipedia, the free encyclopedia
हैती एगो कैरिबियाई देस बा जे ग्रेटर एंटीलीज दीपसमूह के हिस्पानोला दीप पर बिस्तार लिहले बाटे। एह दीप पर पच्छिमी ओर हैती बा आ यही दीप के पूरबी हिस्सा पर डोमिनिकन रिपब्लिक बाटे। हैती के कुल रकबा लगभग 27,750 वर्ग किलोमीटर बा आ जनसंख्या 10.8 मिलियन (108 लाख) बाटे। कैरिबीयन कम्युनिटी के सदस्य देसन में जनसंख्या के मामिला में ई सभसे बड़ देस बा आ पूरा कैरिबियाई क्षेत्र में दुसरा नमर पर बा।
Quick Facts Republic of Haiti, राजधानी आ सभसे बड़ शहर ...
Republic of Haiti | |
---|---|
राजधानी आ सभसे बड़ शहर | पोर्ट-औ-प्रिंस 18°32′N 72°20′W |
रकबा | |
• कुल | 27,750 किमी2 (10,710 वर्ग मील) (143rd) |
• जल (%) | 0.7 |
जनसंख्या | |
• 2016 अनुमान | 10,847,334[1] (85th) |
• Density | 382/किमी2 (989.4/वर्ग मील) (32nd) |
जीडीपी (पीपीपी) | 2017 अनुमान |
• कुल | $19.979 billion[2] |
• प्रति ब्यक्ति | $1,819[2] |
जीडीपी (नॉमिनल) | 2017 अनुमान |
• कुल | $7.897 billion[2] |
• Per capita | $719[2] |
एचडीआइ (2015) | 0.493[3] low · 163rd |
ISO 3166 कोड | HT |
Close
कोलंबस एह दीप पर 5 दिसंबर 1492 के चहुँपल रहलें आ स्पेन एह दीप पर अधिकार जमावे वाला पहिला यूरोपीय देस रहल, सत्रहवी सदी ले इहाँ स्पेन के शासन रहल आ बाद में फ्रांस के अधिकार भ गइल। अभिन भी उत्तर अमेरिका में फ्रांसीसी भाषा वाला एकलौता इहे देस बाटे।