क्रिस्टोफर कोलंबस
From Wikipedia, the free encyclopedia
क्रिस्टोफर कोलंबस (Christopher Columbus (/kəˈlʌmbəs/); 31 अक्टूबर 1451 से पहिले – 20 मई 1506) एगो इटैलियन खोजीयात्री, नेवीगेटर आ उपनिवेशस्थापक रहलें। कोलंबस अटलांटिक महासागर के आरपार चार गो यात्रा कइलें आ हिस्पानिया में उपनिवेश बनावे के काम कइलें जेकरा से नई दुनिया में यूरोपीय उपनिवेश बनावे के रस्ता खुलल।
Quick Facts क्रिस्टोफर कोलंबस, 1st Governor of the Indies ...
क्रिस्टोफर कोलंबस | |
---|---|
1st Governor of the Indies | |
कार्यकाल 1492–1499 | |
Appointed by | Isabella I of Castile |
इनके बाद | Francisco de Bobadilla |
निजी जानकारी | |
जनम | Before 31 October 1451 Genoa, Republic of Genoa |
निधन | 20 मई 1506(1506-05-20) (aged ल॰ 54) Valladolid, Crown of Castile |
Resting place | Seville Cathedral, Seville, Spain |
जीवनसाथी | Filipa Moniz Perestrelo |
घरेलू-संघी | Beatriz Enríquez de Arana |
संतान | Diego Fernando |
अकुपेशन | Maritime explorer |
दस्खत | |
Military service | |
Rank | Admiral of the Ocean Sea |
Close
ओह दौर में जब यूरोपीय राज (किंगडम) सभ आपस में कंपटीशन क रहलें आ नया ब्यापार रास्ता सभ के खोज में रहलें, कोलंबस ई प्रस्ताव कइलें कि पच्छिम ओर के मुँह क के जतरा कइल जाय आ पूरबी दीप (ईस्ट इंडीज) आ भारत पहुँचल जाय। एह तरीका से ई अटलांटिक पार क के नई दुनिया के खोज कइलें आ पहिली जात्रा में बहामास चहुँपलें।