![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/c7/Mt_Kailash_sat.jpg/640px-Mt_Kailash_sat.jpg&w=640&q=50)
राकस ताल
ट्रांस हिमालय क्षेत्र में एगो झील / From Wikipedia, the free encyclopedia
राकस ताल भा राक्षस ताल हिमालय-पार क्षेत्र में, चीन के अधिकार वाला तिब्बत खुदशासित इलाका में एगो झील बा। ई झील परसिद्ध मानसरोवर के ठीक बाएँ (पच्छिम) ओर कुछे दूरी पर बा आ कैलाश परबत के दक्खिन में बा। कुछ जगह एह झील के सतलज नदी के उदगम बतावल जाला, हालाँकि, वर्तमान में ई एगो अइसन झील के रूप में बा जेकर पानी कहीं बहरें ना बहे ला आ ई खारा पानी के झील बन चुकल बा।[1] सतलज नदी एकरे उत्तरी-पच्छिमी माथ से कुछ आगे से निकले ले। हँऽ ई जरूर होला कि कबो मानसरोवर में पानी बेसी हो जाला तब ओभरफ्लो वाला पानी राकस ताल में आवे ला; एह दसा में इनहन के बिचा में बहे वाली नदी के गंगा छू हवे[2] हालाँकि जब मानसरोवर में पानी कम रहे ला ई नदी गायब रहे ले।[3]
राकस ताल | |
---|---|
राक्षस ताल | |
![]() उपग्रह से लिहल चित्र में बाएँ राकसताल आ दाहिने मानसरोवर; पाछे कैलाश परबत बा | |
लोकेशन | तिब्बत |
निर्देशांक | 30.65°N 81.25°E / 30.65; 81.25 |
वास्तव में देखल जाय तब मानसरोवर आ राकस ताल एक तरह से जोड़ुआ झील हईं आ इनहन के के आसपास के कुछ दूरी के इलाका से कई गो बड़हन नदी सभ के उदगम होला जेह में सिंधु, सतलज, घाघरा आ ब्रह्मपुत्र नियर बिसाल नदी बाड़ी स।