मोबाइल फोन
From Wikipedia, the free encyclopedia
मोबाइल फोन या मोबाइल (इ के सेलफोन आ हाथफोन भी कहल जायेला) एक तरह के टेलीफोन हवे जे बेतार के होला आ आसानी से कहीं ले जाइल जा सके ला। टेलीफोन के तरे ईहो आदमी के आवाज के इलेक्ट्रानिक सिग्नल में बदल देला आ एक ठो नेटवर्क द्वारा एक जगह से दूसरा जगह भेजे ला, दूसरा ओर से मिले वाला अइसने इलेक्ट्रानिक सिग्नल के वापस आवाज में बदल के सुनावे ला।
बात करे के अलावा, आज के मोबाइल के अउरी बहुत सारा उपयोग बा, जइसे मैसेज भेजल, चैट कइल, गेम खेलल, फोटो खींचल, इंटरनेट सर्फिंग कइल आ बीडियो देखल। नया ज़माना के मोबाइल फोन के स्मार्टफोन कहल जाला जिनहन में बहुत सारा मोबाइल एप इंस्टाल कइल जा सके ला आ बिबिध रूप में इस्तमाल कइल जा सके ला।
मोस्फेट, क्या लार्ज स्केल इंटीग्रेशन, सुचना थिअरी आ सेल्यूलर नेटवर्क के क्षेत्र मे बिकास होखला के चलते सस्ता मोबाइल संपर्क के बिकास भइल। दुनिया के पहिला मोबाइल फोन, जॉन ऍफ़॰ मिटचेल द्वारा[1][2] आ मार्टिन कूपर द्वारा मोटोरोला कंपनी के खातिर बनावल गइल, 1973 में प्रदर्शित एह फोन के वजन लगभग 2 किलो रहल।[3] 1979 मे निप्पोन टेलीग्राफ आउर टेलीफोन कंपनी जापान मे पहिलका सेल्यूलर नेटवर्क चालू कइलस। मोटोरोला के DynaTac 8000x हाट मे मिले वाला पहिलका मोबाइल फोन रहे।. 1983 से 2014 ले, दुनिया भ मे मोबाइल फोन के परजोग सात अरब से बेसी हो गइल; एतना मे धरती प हर केहू के एगो मोबाइल फोन मिल सकेला.[4] 2016 के पहिलका तिमाही मे, सभ से बेसी स्मार्टफोन Samsung, Apple and Huawei बनइले रहे; स्मार्टफोन sales represented 78 percent of total mobile phone sales.[5] For feature phones (slang: “dumbphones”) 2016 तक ले [update], the largest were Samsung, Nokia and Alcatel.[6]