![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/74/Alt_Telefon.jpg/640px-Alt_Telefon.jpg&w=640&q=50)
टेलीफोन
From Wikipedia, the free encyclopedia
टेलीफोन, दूरसंचार के एगो उपकरण हऽ। दू गो या कबो-कबो अधिक लोगन के बीच बातचीत करे के काम आवेला, जब ऊ लोग अतना दूरी पर होखे कि सीधे बातचीत संभव न होखे। ई एगो अइसन यंत्र हवे जे मनुष्य के आवाज के इलेक्ट्रानिक सिग्नल में बदल देला आ ई सिग्नल केबिल (तार) के माध्यम से दुसरा जगह भेजल जाला, दुसरा माथ पर लागल टेलीफोन सिग्नल के वापस मनुष्य के आवाज में बदल के सुनावे ला।
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/7/74/Alt_Telefon.jpg/640px-Alt_Telefon.jpg)
![](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/6/60/Cisco7960G.jpg/640px-Cisco7960G.jpg)
1876 में, स्कॉटलैंड के प्रवासी बिग्यानी, जे ओह समय अमेरिका में रहत रहलें, पहिला अइसन उपकरण के पेटेंट करवलें जे मनुष्य के आवाज के ठीक-ठीक पहिचान में आवे लायक नकल सुना सकत रहे। बाद में अउरी बिग्यानी लोग एकरा सुधार में आपन योगदान कइल।
![]() | ई लेख टेलिकम्यूनिकेशन या दूरसंचार जे जुड़ल चीज की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |