मिर्जापुर
From Wikipedia, the free encyclopedia
From Wikipedia, the free encyclopedia
मिर्जापुर (अंग्रेजी: Mirzapur) भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में, दक्खिनी-पूरबी हिस्सा में एक ठो शहर बा। शहर गंगा नदी के दाहिने तीरे पर बसल बा आ एकरे आसपास पहाड़ी इलाका बाटे। एह पहाड़ी सभ पर कई गो मंदिर आ गुफा बाड़ीं जे हिंदू लोग पबित्र माने ला आ इहाँ पूजा-पाठ आ दर्शन करे आवे ला। इन्हना में सभसे परसिद्ध विंध्यवासिनी देवी के मंदिर बा के मिर्जापुर सहर से कुछे दूरी पर विंध्याचल में बाटे। कबो-कबो एह दुनों जगह के मिला के मिर्जापुर-बिंध्याचल के सड़मेंड़ एकही नाँव से भी जानल जाला।
मिर्जापुर | |
---|---|
कस्बा | |
Coordinates: 25.15°N 82.60°E | |
देस | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
Elevation | 80 m (260 ft) |
Population (2011)[1] | |
• कस्बा | 233,691 |
• Density | 567/किमी2 (1,470/बर्ग मील) |
• Metro | 245,817 |
भाषा | |
• ऑफिशियल | हिंदी |
• बोलचाल | भोजपुरी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | 231001 |
फोन कोड | 05442 |
Vehicle registration | UP-63 |
Website | www |
मिर्जापुर शहर दिल्ली आ कलकत्ता दुनों से लगभग 650 किलोमीटर के दूरी पर बा; इलाहाबाद से ई लगभग 87 किलोमीटर पुरुब ओर आ बनारस से करीबन 67 किलोमीटर पच्छिम (तनिका दखिनाहुत) पड़े ला।
साल 2011 के जनगणना[3] अनुसार मिर्जापुर के कुल शहरी जनसंख्या 2,34,871 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 2,45,817 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 188वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 870 आ साक्षरता के दर 76.47% बाटे।[3]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.