मसूरी
From Wikipedia, the free encyclopedia
मसूरी (अंग्रेजी: Mussoorie) भारतीय राज्य उत्तराखंड के देहरादून जिला में एगो कस्बा आ हिल स्टेशन बा। ई राज्य के राजधानी देहरादून से 35 किमी आ देस के राजधानी दिल्ली से 290 किमी के दूरी पर बा। भूगोलीय रूप से ई हिमालय के गढ़वाल श्रेणी के निचली पहाड़ी सभ पर बसल जगह हवे। एकरा बगल में लंडोर कस्बा बाटे जे ग्रेटर मसूरी के हिस्सा मानल जाला।
2,005 मीटर (6,578 फीट) के औसत ऊँचाई पर मौजूद एह कस्बा के उत्तर में हिमालय के बर्फीली चोटी पड़ें लीं आ दक्खिन ओर दून घाटी आ शिवालिक के श्रेणी पड़े लीं। एगो हिल स्टेशन के रूप में एकरा के "क्वीन ऑफ़ द हिल्स" (पहाड़न के रानी) कहल जाला।
ई भारत के कौनों अस्थान भा भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |