From Wikipedia, the free encyclopedia
भारतीय रुपिया (चीन्हा: ₹; कोड: INR), भारत गणतंत्र के ऑफिशियल करेंसी हवे। एक रुपिया के 100 पइसा में बाँटल जाला, हालाँकि, 25 पइसा या एकरा से कम कीमत के पइसा वाला सिक्का साल 2011 के बाद से अब लीगल टेंडर नइखे रह गइल। एह करेंसी के नियंत्रण भारतीय रिजर्व बैंक करे ला।[3] रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया एक्ट, 1934 से रिजर्व बैंक के भारतीय करेंसी के नियंत्रण आ ब्यवस्थापन के अधिकार मिलल हवे। एकर नाँव "रुपिया" सुल्तान शेर शाह सूरी के जारी कइल चानी के सिक्का, जवना के रुपिया कहल जाव, के नाँव पर पड़ल हवे।
भारतीय रुपिया | |
---|---|
| |
ISO 4217 | |
कोड | INR |
नंबर | 356 |
घातांक | 2 |
डिनॉमिनेशन | |
छोट इकाई | |
1/100 | पइसा |
चीन्हा | ₹ |
पइसा | p |
बैंकनोट | |
ढेर चलन में | ₹10, ₹20, ₹50, ₹100, ₹500, ₹2000 |
कम चलन में | ₹1, ₹2, ₹5 |
सिक्का | |
ढेर चलन में | ₹1, ₹2, ₹5, ₹10 |
कम चलन में | 50प |
जनसंख्या आँकड़ा | |
ऑफिशियल इस्तेमाल | भारत |
गैर-ऑफिशियल | भूटान[टीप 1] नेपाल[टीप 2] जिम्बाब्वे[टीप 3][1] |
ढलाई/छपाई | |
सेंट्रल बैंक | भारतीय रिजर्व बैंक |
छापे वाला | भारतीय रिजर्व बैंक |
वेबसाइट | www |
टकसाल | भारत सरकार टकसाल |
वेबसाइट | www |
कीमत | |
इनफ्लेशन | 4.9%, 2015-16 |
स्रोत | RBI - Annual Inflation Report |
तरीका | CPI[2] |
समकक्ष | भूटानी न्गुल्त्रम (बरोबर) नेपाली रुपिया (1 INR = 1.6 NPR) |
|
साल 2010 में, एक ठो नया चीन्हा आधिकारिक तौर पर अंगीकार कइल गइल। ई चीन्हा देवनागरी लिपि के "र" अक्षर आ रोमन "R" (आर) के मिलल जुलल रूप हवे। ऊपर दू गो पट रेख बाड़ी जिनहन से भारत के तिरंगा झंडा के भान होखेला। एह चीन्हा वाला सिक्का सभ के पहिली लाट आठ जुलाई 2011 से चलन में आइल।
8 नवंबर 2016 के मोदी सरकार के एक ठो बड़ फैसला में पुरान 500 आ 1000 रुपिया के नोटबंदी के घोषणा कइल गइल आ ई ओही रात से लागू क दिहल गइल। एकर कारण, काला धन पर रोक लगावल, बतावल गइल। बाद में कैशलेस अर्थब्यवस्था के ओर आगे बढ़े खातिर उठावल गइल कदम के रूप में एह नोटबंदी के परचार कइल गइल। एही के बाद पुरनका 500 के जगह पर नया सीरीज के नोट आइल आ पहिली बेर 2000 रुपिया के नोट भी चलन में आइल। एह नया नोट सभ के डिजाइन छोट कीमत वाला नोट सभ पर भी लागू होखी।
रुपिया शब्द के उत्पत्ती संस्कृत के रूप्यकम् से भइल बतावल जाला। रूप्यकम् के अरथ चानी के सिक्का होखे। वर्तमान समय के रुपिया के सीधा संबंध शेर शाह सूरी के चलावल चानी के सिक्का से बाटे जेकरा के रुपिया कहल गइल। मुगल लोग एकरा के एही नाँव से चलावल आ अंग्रेजी राज में भी इहे परंपरा चलल चलि आइल।
बंगाल में रुपिया खातिर "टका" शब्द के इस्तेमाल होला। ई रुपिया के आम अरथ में इस्तेमाल होला, भले करेंसी कौनों भी होखे।
वर्तमान में, 10 नवंबर 2016 तक ले, चलन में रुपिया के नोट सभ के लिस्ट नीचे दिहल गइल बाटे:
Image | कीमत | साइज | मुख्य रंग | बिबरण | चलन क तारीख | चलन में | |||
---|---|---|---|---|---|---|---|---|---|
सामने | उल्टा | सामने | उल्टा | वाटरमार्क | |||||
₹1 | 97 × 63 mm | नीला | एक रुपिया के सिक्का | सागर सम्राट | अशोक स्तंभ | 1994 / 2015[4][5] | कम | ||
₹5 | 117 × 63 mm | हरियर | महात्मा गाँधी | ट्रैक्टर | महात्मा गाँधी | 2002 / 2009 | कम | ||
₹10 | 137 × 63 mm | नारंगी-बैंगनी | गैंडा, हाथी, शेर | 1996 / 2006 | भरपूर | ||||
₹20 | 147 × 63 mm | लाल-नारंगी | माउंट हैरियेट, पोर्ट ब्लेयर | 2001 / 2006 | भरपूर | ||||
₹50 | 147 × 73 mm | बैंगनी | भारतीय संसद | 1997 / 2005 | भरपूर | ||||
₹100 | 157 × 73 mm | बीच में नीला-हरा, दूनों किनारे भूरा-बैंगनी | हिमालय परबत | 1996 / 2005 | भरपूर | ||||
₹500 | 150 × 66 mm | चट्टानी मटियाहूँ | लाल किला | 2016 | भरपूर | ||||
₹2000 | 166 × 66 mm | मैजेंटा | मंगलयान | 2016 | भरपूर | ||||
तालिका मानक खातिर देखल जाय नोट_स्पेसिफिकेशन_तालिका। |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.