प्रियंका गांधी
भारतीय राजनीतिक नेता / From Wikipedia, the free encyclopedia
प्रियंका गाँधी (जनम 12 जनवरी 1972; बियाह के बाद प्रियंका गाँधी वाड्रा) एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़ी। ई राजिव गाँधी फाउंडेशन के ट्रस्टी भी बाड़ी। भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के नेता के रूप में जनवरी 2019 में इनके सक्रिय राजनीति में आगमन के घोषणा भइल आ पूरबी उत्तर प्रदेश खातिर कांग्रेस के महासचिव खाती इनके नियुक्ति भइल बा जेके चार्ज ई फरवरी 2019 के पहिला हप्ता में लिहें।[2] प्रियंका गाँधी, राजीव आ सोनिया गाँधी के बेटी हई आ राहुल गाँधी के बड़ बहिन हई; फिरोज गाँधी आ भारत के पूर्व परधानमंत्री इंदिरा गाँधी के नातिन हई आ एह तरीका से भारतीय राजनीति में परभावशाली नेहरू-गाँधी परिवार के सदस्य बाड़ी।
Quick Facts प्रियंका गाँधी वाड्रा, जनरल सेक्रेटरी (कांग्रेस) पूरबी उत्तर प्रदेश खातिर ...
प्रियंका गाँधी वाड्रा | |
---|---|
जनरल सेक्रेटरी (कांग्रेस) पूरबी उत्तर प्रदेश खातिर[1] | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 4 फरवरी 2019 | |
राष्ट्रपति | राहुल गाँधी |
निजी जानकारी | |
जनम | (1972-01-12) 12 जनवरी 1972 (उमिर 52) नई दिल्ली, भारत |
राजनीतिक पार्टी | भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस |
जीवनसाथी | रॉबर्ट वाड्रा (m. 1997) |
संतान | 2 |
माई-बाबूजी | राजीव गाँधी सोनिया गाँधी |
पढ़ाई | दिल्ली युनिवर्सिटी (B.A.) |
दस्खत |
Close