From Wikipedia, the free encyclopedia
सोनिया गांधी (9 दिसंबर 1946) एगो भारतीय राजनीतिक नेता बाड़ी। सोनिया गांधी के जनम इटली में भइल आ ई 1998 से[1] वर्तमान ले भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के अध्यक्ष बाड़ी। गांधी, भारत के भूतपूर्व परधानमंत्री राजीव गांधी के बिधवा हई।
सोनिया गांधी | |
---|---|
कांग्रेस अध्यक्ष | |
कार्यकाल 14 मार्च 1998 – 17 दिसंबर 2017 | |
इनसे पहिले | सीताराम केसरी |
राष्ट्रीय सलाहकार समीति के अध्यक्ष | |
कार्यकाल 29 मार्च 2010 – 25 मई 2014 | |
निजी जानकारी | |
जनम | Edvige Antonia Albina Màino 9 दिसंबर 1946 लुसियाना, वेनेतो, इटली |
नागरिकता | इटली (1946–1983) भारत (1983–वर्तमान) |
राजनीतिक पार्टी | कांग्रेस |
जीवनसाथी | |
संतान | |
निवास | 10 जनपथ, नई दिल्ली |
1991 में राजीव गांधी के हत्या के बाद कांग्रेस के लोग इनका के राजनीति में आवे के अनुरोध कइल जेकरा के ई ओह समय ना मनली।[2] अंत में 1997 में राजनीति में आवे खाती तइयार भ गइली; 1998 में ई कांग्रेस के अध्यक्ष चुन लिहल गइली।[1]
साल 2004 से, लोकसभा में सत्ता में रहल यूनाइटेड प्रोग्रेसिव एलायंस (यूपीए), के अध्यक्ष रहली। जब इनका के सितंबर 2010 में चउथी बेर चुनल गइल, कांग्रेस के 125-साल के इतिहास में सभसे ढेर समय ले रहे वाली अध्यक्ष बन गइली।[3] इनके बिदेस में जनमल होखे के मुद्दा पर बहुत बिबाद भइल।[4]
इटली के बिजनेसमैन, ओट्टावियो क्वात्रोची के साथे इनके दोस्ती के ऊपर भी बिबाद रहल बा, क्वात्रोची बोफोर्स खरीद के बिचौलिया के भूमिका में रहलें।[5] सोनिया गांधी, कांग्रेस के पाँचवी अइसन अध्यक्ष हई जे बिदेस में पैदा भइल होखे, हालाँकि आजादी के बाद ऊ अइसन पहिली बेकति बाड़ी।[6] साल 2010 में फ़ोर्ब्स के सभसे ताकतवर महिला सभ के लिस्ट में गांधी 9वाँ अस्थान पर रहली।[7][8]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.