![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f9/Moon%252C_Earth_size_comparison.jpg/640px-Moon%252C_Earth_size_comparison.jpg&w=640&q=50)
प्राकृतिक उपग्रह
From Wikipedia, the free encyclopedia
प्राकृतिक उपग्रह (अंग्रेजी: Natural satellite) अइसन आकाशीय पिंड होला जवन कौनों दूसर, अपने से बड़हन, आकाशीय पिंड के चक्कर लगावे ला आ ओकर प्राइमरी कहल जाला।[1][2] बड़का आकाशी पिंड कौनों ग्रह, तारा या बौना ग्रह हो सके ला।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/f/f9/Moon%2C_Earth_size_comparison.jpg/640px-Moon%2C_Earth_size_comparison.jpg)
चंद्रमा, पृथ्वी के प्राकृतिक उपग्रह बाटे। एही तरे पृथ्वी खुद सुरुज के प्राकृतिक उपग्रह बा आ सुरुज, आकाशगंगा नाँव के गैलेक्सी के प्राकृतिक उपग्रह बाटे। सौर मंडल में कुल प्राकृतिक उपग्रह सभ के पहिचान भइल बाटे।[3][4]