![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/c3/NGC_4414_%2528NASA-med%2529.jpg/640px-NGC_4414_%2528NASA-med%2529.jpg&w=640&q=50)
गैलेक्सी
From Wikipedia, the free encyclopedia
गैलेक्सी (अंग्रेजी: Galaxy) एगो बिशाल सिस्टम होला जेवना में गुरुत्वाकर्षण की बल द्वारा बहुत सारा तारा, तारा के छूटल पदार्थ, तारा-मध्य गैस आ ब्रम्हांडीय धूरि, अउरी गुप्त पदार्थ सब एक दुसरा से बन्हाइल रहेला।[1][2] गैलेक्सी सभ के उदाहरण, ड्वार्फ गैलेक्सी जिनहन में कुछ हजार (103) तारा होखे से ले के कई सौ ट्रिलियन (1014) तारा वाली गैलेक्सी[3] ले हो सके ला जेवना में ई सगरी तारा अपनी गैलेक्सी के द्रव्यमान सेंटर के चारों ओर चक्कर लगावे लें।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/c3/NGC_4414_%28NASA-med%29.jpg/640px-NGC_4414_%28NASA-med%29.jpg)
गैलेक्सी के बिभाजन इन्हन की आकृति की आधार पर हो सकत बा जौना में अंडाकार,[4] सर्पाकार (स्पाइरल), आ अनियमित आकार वाली गैलेक्सी हो सके लीं।[5] बहुत सारा गैलेक्सी सभ की केन्द्र में बलैकहोल होख्ले के गुंजाइश बतावल जाला। हमनी की आकाशगंगा नामक गैलेक्सी में सेंटर में धनु ए* नाँव के ब्लैकहोल बाटे जौना के द्रब्यमान हमनी कि सुरुज की तुलना में 40 लाख गुना से भी अधिक बाटे।[6]