पूर्वांचल विकाश क्षेत्र नेपाल के पाँचों विकास क्षेत्र में से एगो विकास क्षेत्र ह। From Wikipedia, the free encyclopedia
पूर्वांचल विकाश क्षेत्र नेपाल के पाँचों विकास क्षेत्र में से एगो विकास क्षेत्र ह। ई नेपाल के सबसे पूर्व में स्थित बा। ई का पूर्व में भारत के सिक्किम आ पश्चिम बंगाल के दार्जीलिंग तथा पश्चिम में नेपाल के मध्यांचल आ उत्तर में चीन के तिब्बत आ दक्षिण में भारत के बिहार स्थित बा। पूर्वांचल के मुख्यालय धनकुटा में स्थित बा। पूर्वांचल में 3 गो अंचल आ 16 गो जिला बा।
पूर्वांचल विकास क्षेत्र (पूर्वाञ्चल) | |
क्षेत्र | |
बरसात के दिनवन में धनकुटा के एगो दृश्य | |
देस | नेपाल |
---|---|
अंचल | कोशी, मेची, सगरमाथा |
मुख्यालय | धनकुटा |
ऊँच बिंदु | Mount Everest |
- ऊँचाई | 8,848 मी (29,029 फीट) |
निचला बिंदु | Kechana Kalan |
- ऊँचाई | 60 मी (197 फीट) |
रकबा | 28,456 किमी2 (10,987 वर्ग मील) |
जनसंख्या | 5,811,555 (2011) [1] |
जनघनत्व | 204/किमी2 (528/वर्ग मील) |
टाइमजोन | NPT (UTC+5:45) |
ISO 3166-2 | NP-4 |
पूर्वांचल क्षेत्र के अवस्थिती |
ई क्षेत्र नेपालके तीसरा सबसे बड़ा विकास विकास क्षेत्र ह लेकिन जनसंख्या के हिसाब से नेपाल के दुसरका सबसे बड़ा जनसंख्या वाला विकास क्षेत्र ह। ई क्षेत्र के क्षेत्रफल 28,456 किमी2 (10,987 वर्ग मील) बा आ जनसंख्या औसत 5811555 ब्यक्ति बाड़ें। ई क्षेत्र के जनसंख्या घनत्व 204.2 व्यक्ति/किमा2 बा।
पारिस्थितीक रुप से ई क्षेत्र तीन भाग में बाँटल जा सकत बा: पर्वत, पहाड़ आ तराई। ई क्षेत्र के तथा पुरा विश्व के सबसे ऊँचा पर्वत एवरेष्ट जे के नेपाली में सगरमाथा कहल जायेला, एहि क्षेत्र में स्थित बा। ई सगरमाथा अञ्चल के सोलुखुम्बु जिला मे पड़ेला।
पूर्वाञ्चल क्षेत्र में सब से प्रमुख नदीयन में कोशी नदी पड़ेला जवन कि गंगा के सहायक नदी ह आ मेची नदी बा जवन महानन्दा नदी के सहायक नदी ह। नेपाल के बड़की नदी प्रणाली ह कोशी नदी आ एकर सबसे ऊँचा झरना प्रपात ह्यात्रुंग झरना नेपाल के तेह्रथुम जिला मे स्थित बा।[2] ह्यात्रुंग झरना प्रपात (27°14′17″N 87°33′46″E) 365 मी (1,198 फीट) ऊँचा बा।
ई क्षेत्रजैव विविधता में धनी मानल जायेला, उदाहरणस्वरुप नेपाल में 31 प्रकार के गुराँस पावल जायेला जे में से 28 प्रकार के गुराँस तीनजुरे-मिल्के-जल्जले (पूर्वांचल) क्षेत्रवे में खाली पावल जायेला।[2]
ई क्षेत्र के प्रमुख शहर कुल बाड़ें बिराटनगर, धरान, धनकुटा, इटहरी, राजबिराज, बिर्तामोड आ दमक. अन्य शहर कुल बाड़ें नाम्चे बजार (एवरेष्ट पर्वत के नियरे बेस कैम्प के लगे), गाईघाट, लहान, ईलाम, इत्यादी।
पूर्वांचल में मेची अंचल, कोशी अंचल आ सगरमाथा अंचल 3 गो अंचल पड़ेला आ 16 गो जिला बाड़ें।
विकाश क्षेत्र | अंचल कुल | जिला कुल |
---|---|---|
पूर्वांचल विकाश क्षेत्र | मेची अंचल | • इलाम जिला • झापा जिला • पाँचथर जिला • ताप्लेजुंग जिला |
कोशी अंचल | • भोजपुर जिला • धनकुटा जिला • मोरंग जिला • संखुवासभा जिला • सुनसरी जिला • तेह्रथुम जिला | |
सगरमाथा अंचल | • खोटांग जिला • ओखलढुंगा जिला • सप्तरी जिला • सिराहा जिला • सोलुखुम्बु जिला • उदयपुर जिला | |
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.