दुर्गा
हिंदू धर्म में एगो देवी / From Wikipedia, the free encyclopedia
दुर्गा (संस्कृत: दुर्गा, अरथ:"जे के जीतल न जा सके"[1]) हिंदू धर्म में एगो देवी हई जे शक्ति के रूप मानल गइल हई।[2] शाक्त शाखा के लोग दुर्गा के सृष्टि के रचना, पालन आ बिनास तीनों के मूल शक्ति की रूम में पूजे ला। कथा की मोताबिक महिषासुर के मारे खातिर ब्रम्हा, विष्णु, शिव, आ अउरी सगरी देवता लोगन के शक्ति मिल के एगो देवी के रूप लिहलस जिनका के दुर्गा या महिषासुरमर्दिनी कहल जाला। कथा में इहो बर्णन मिलेला की जब-जब खराब ताकतन के धरती पर उत्पत्ती होखेला तब देवी कौनों रूप धारण कइ के अवतार लेली।
Quick Facts दुर्गा, देवनागरी ...
दुर्गा | |
---|---|
देवनागरी | दुर्गा |
Close