शक्ति (देवी)
हिंदू धर्म में देवी के रूप में मूल शक्ति के कल्पना / From Wikipedia, the free encyclopedia
शक्ति हिंदू धर्म में एगो देवी हई जिनकर कई रूप में अवतार के पूजा होखे ला। तीनों प्रमुख देव, त्रिदेव लोगन के शक्ति त्रिदेवी की रूप में पूजल जाली। हिंदू परंपरा के एगो शाखा शाक्त संप्रदाय हवे जेह में देवी के सभसे ऊँच आ ईश्वर मानल जाला आ उनहीं के बिबिध रूप सभ के अलग-अलग चीज के देवता मानल जाला।