गोरखपुर
भारत के उत्तर प्रदेश में एगो शहर / From Wikipedia, the free encyclopedia
गोरखपुर (अंग्रेजी: Gorakhpur) गोरखपुर भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में, पूर्वांचल क्षेत्र में राप्ती नदी के तीरे बसल एगो शहर बाटै। ई राज्य के राजधानी लखनऊ से 272 किलोमीटर पूरब में स्थित बा। ई गोरखपुर जिला, पूर्वोत्तर रेलवे मंडल आ गोरखपुर मंडल के प्रशासनिक मुख्यालय हवे। शहर में गोरखनाथ मठ, गोरखनाथ बाबा के मंदिर बा। 1963 से शहर में भारतीय एयरफोर्स स्टेशनो बाटै। हिंदू धार्मिक ग्रंथन के दुनिया के सबसे बड़ प्रकाशक गीता प्रेस भी गोरखपुर में बा जवना के स्थापना 1926 में इहाँ भइल रहे आ ई गीता, रामायण आ महाभारत जइसन नियर ग्रंथन के प्रकाशन करे ला आ पत्रिका कल्याण छापे ला।[नोट 1][2][3]
गोरखपुर
गोरखपुर گورکھپور | |
---|---|
Metropolitan City | |
<mapframe>: The JSON content is not valid GeoJSON+simplestyle. The list below shows all attempts to interpret it according to the JSON Schema. Not all are errors.
| |
Coordinates: 26.7588°N 83.3697°E / 26.7588; 83.3697 | |
देश | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
जिला | गोरखपुर |
Area | |
• शहरी इलाका | 5,484 किमी2 (2,117 बर्ग मील) |
Elevation | 84 m (276 ft) |
Population (2011) | |
• Total | 673,446[1] |
आधिकारिक | |
• भाषा | हिंदी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
पिनकोड | 2730xx |
टेलीफोन | +91-551 |
Vehicle registration | UP 53 |
Website | gorakhpur |
तारामंडल, वाटर पार्क, गोरखपुर विश्वविद्यालय इहाँ के देखे लायक जगह बाटें। गोरखपुर से कुछ दूरी पर उत्तर-पूरुब तरफ बौद्ध तीरथ कुशीनगर बाटै जहाँ गौतम बुद्ध के परिनिर्वाण भइल रहल।
गोरखपुर रेलवे जंक्शन पर दुनिया के सभसे लमहर प्लेटफार्म बा जे 1.34 किमी लंबा बाटे।