From Wikipedia, the free encyclopedia
कटर (अंग्रेजी: पेंसिल शार्पनर चाहे पेंसिल प्वाइंट; आयरलैंड मे पेरेर भा टॉपर)[1] एगो अऊजार हटे जेकरा पेंसिल के छिल के ओकर नोखि के तेज कईल जाला। एकर संचालन मनई करेला चाहे कोनो मे मोटरो लागल रहेला। कोनो कोनो कटर प ढकना लागल रहेला जेकरा पेंसिल मे छिलकोइया बिगे बजी हटाई दिहल जाला।
कटर से पहिले पेंसिल के छुड़ी से तेज कईल जात रहे। कटर बनला के बादि इ काज बहुते सरल हो गइल आ पेंसिल बेसी नीमन से छिलाए लागल।
कटर बनावे के सुरुआत फ्रांस मे भइल, जब एगो फ्रंसिसी पुस्तक एगो सिए बाउचर के कटर कर आविष्कार दिया बिस्तार से लिखलस। उहां के पैंटोग्राफ प काज करत रहीं आ उहाँ के पेंसिल छिले ला एगो निमन अउजार के दरकार रहे।[2][3] बाउचर के जंत्र बहुते नीमन रहे आ देस हुनकर एकरा ला देस बिदेस मे तारिफो भइल।[4] बाकिर बाउचर एपे पटेंट ना लिहलन।
बर्नार्ड लेसिमोन कटर के पेटेंट ला 1828 मे अर्जी दिहलन[5] एह पेंटेंट प पेरिस के एगो दोकान कटर बेचलस आ बनईलस। 1833 मे इंग्लैंड के कुपर आ एकस्टाइन, स्टीलॉक्सिनन नाम से एगो पेटेंट लेलन, जेमे दुगो रेती नब्बे डिग्री के कोन प लगाई के सिसम के काठ प लगावल रहे।[6][7] ई आजु ले बाँचल सभ से पुरान कटर बा।[8]
1830 आ 1840 के दसक मे पेरिस केह ढेर जाना जइसे, फ्रनकोइस जोसेफ कटर बनावे मे लागल रहें।[9]
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.