![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/b8/The_Uttar_Pradesh_Chief_Minister%252C_Shri_Yogi_Adityanath_in_New_Delhi_on_February_10%252C_2018_%2528cropped%2529.jpg/640px-The_Uttar_Pradesh_Chief_Minister%252C_Shri_Yogi_Adityanath_in_New_Delhi_on_February_10%252C_2018_%2528cropped%2529.jpg&w=640&q=50)
आदित्यनाथ
भारतीय राजनेता आ उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री / From Wikipedia, the free encyclopedia
आदित्यनाथ (जनम: अजय मोहन बिष्ट[1]; 5 जून 1972) जिनका के योगी आदित्यनाथ के नाँव से बेसी जानल जाला, भारतीय राजनीतिक नेता आ उत्तर प्रदेश के वर्तमान मुख्यमंत्री बाड़ें।[2][3] आदित्यनाथ गोरखपुर में मौजूद गोरखनाथ पीठ के महंथ बाने आ मुख्यमंत्री बने से पहिले गोरखपुर से भाजपा के लोकसभा सांसदो रहल बाने। ऊ अपना से पहिले रहल सांसद महंथ अवैद्यनाथ के धार्मिक आ राजनीतिक उत्तराधिकारी हवें आ एह सीट से लगातार पाँचवीं बेर संसद में पहुँचल रहने।
Quick Facts योगी आदित्यनाथ, उत्तर प्रदेश क 21वाँ मुख्यमंत्री ...
योगी आदित्यनाथ | |
---|---|
![]() | |
उत्तर प्रदेश क 21वाँ मुख्यमंत्री | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 19 मार्च 2017 | |
गवर्नर | राम नाइक |
डिप्टी | केशव प्रसाद मौर्य दिनेश शर्मा |
इनसे पहिले | अखिलेश यादव |
भारतीय संसद सदस्य गोरखपुर सीट से | |
पद पर मौजूद | |
पदभार लिहल गइल 1998 | |
इनसे पहिले | महंथ अवैद्यनाथ |
निजी जानकारी | |
जनम | अजय मोहन बिष्ट[1] (1972-06-05) 5 जून 1972 (उमिर 52) पंचूड़, पौड़ी गढ़वाल, उत्तर प्रदेश (अब उत्तराखंड में) |
राजनीतिक पार्टी | भारतीय जनता पार्टी |
महतारी संस्था | गढ़वाल बिस्वबिद्यालय |
अकुपेशन | राजनेता धार्मिक नेता |
वेबसाइट | www |
Close
आदित्यनाथ के छवि फायरब्रांड हिंदुत्ववादी नेता के हवे। ऊ हिंदू युवा वाहिनी नाँव से संगठन के स्थापना भी कइले बाने जेकरा सामुदायिक दंगा-फसाद में शामिल रहले के खबर बा।[4] आदित्यनाथ के कई ठे बयानन पर पहिले भी बिबाद हो चुकल बाटे।[5][6][7]