सुंदरबन नेशनल पार्क
भारत के पच्छिम बंगाल में नेशनल पार्क, टाइगर रिजर्व, आ बायोस्फियर रिजर्व / From Wikipedia, the free encyclopedia
सुंदरबन नेशनल पार्क भारत के पश्चिम बंगाल में एगो नेशनल पार्क, बाघ रिजर्व आ बायोस्फीयर रिजर्व बा। ई गंगा डेल्टा पर सुंदरबन के हिस्सा हवे आ बांग्लादेश के सुंदरबन रिजर्व बन से सटल बा। ई बांग्लादेश के दक्खिन-पच्छिम में कोना पर पड़े ला। डेल्टा में घन रूप से मैंग्रोव जंगल बाड़ें, आ ई बंगाल बाघ खातिर सभसे बड़हन रिजर्व सभ में से एक हवे। इहाँ कई किसिम के चिरई, रेप्टाइल आ इन्वर्टीब्रेट प्रजाति सभ के भी निवास बा जेह में खारा पानी के मगरमच्छ सामिल बा। वर्तमान सुंदरबन नेशनल पार्क के 1973 में सुंदरबन टाइगर रिजर्व के कोर एरिया आ 1977 में वन्यजीव सैंक्चुअरी घोषित कइल गइल। 4 मई 1984 के एकरा के नेशनल पार्क घोषित कइल गइल। ई यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल हवे जे 1987 में दर्जा पवलस[2][3] आ 2019 से एकरा के रामसर साइट के रूप में चिन्हित कइल गइल बा [1] एकरा के 1989 से वर्ल्ड नेटवर्क ऑफ बायोस्फीयर रिजर्व (मैन एंड बायोस्फीयर रिजर्व) में दर्ज कइल गइल हवे।
Sunderbans National Park | |
---|---|
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
लोकेशन | South 24 Parganas, West Bengal, India |
नजदीकी शहर | Kolkata |
भूगोलीय निर्देशांक | 21°50′17″N 88°53′07″E |
रकबा | 1330.10 sq. km. |
स्थापना | 1984; 39 years ago (1984) |
गवर्निग बॉडी | Government of India |
पैमाना | Natural: (ix), (x) |
संदर्भ | 452 |
इंस्क्रिप्शन | 1987 (11th सेशन) |
रकबा (एरिया) | 133,010 हे (513.6 वर्ग मील) |
ऑफिशियल नाँव | Sundarban Wetland |
तिथी | 30 January 2019 |
रिफरेंस नं॰ | 2370 [1] |