सारनाथ
वाराणसी जिला में बनारस के लगे एगो जगह आ बौद्ध अउरी जैन तीर्थ / From Wikipedia, the free encyclopedia
सारनाथ भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के पूरबी हिस्सा में मौजूद शहर बनारस से करीब दस किलोमीटर दूर उत्तर पच्छिम दिशा में एगो अस्थान बा जहाँ भगवान बुद्ध आपन पहिला उपदेश दिहलन। भगवान बुद्ध ए अस्थान पर मृगदाव, ऋषिपत्तन में आपन पहिला उपदेश दिहलन जेवना के "धर्मचक्र प्रवर्तन" कहल जाला। एही कारण महाराजा अशोक एह अस्थान पर एगो स्तंभ (खम्भा) लगववलन जेवना के सारनाथ क अशोक स्तंभ कहल जाला। भारत क राष्ट्रीय चिह्न एही अशोक स्तंभ की मुकुट (ऊपरी हिस्सा) की आकृति क नकल हवे। आजकाल ए स्तंभ की मुकुट के सारनाथ संग्रहालय में सुरक्षित रखल गइल बा। ऋषिपत्तन, जेवना के पाली भाषा में इशिपत्तन भी कहल जाला बौद्ध धर्म की चार सबसे प्रमुख तीरथ में गिनल जाला, बाकी तीनों हवें लुम्बिनी, बोधगया अउरी कुशीनगर। इहँवा सारनाथ में धमेक स्तूप, मूलगंध कुटी, सारनाथ संग्रहालय, चौखंडी स्तूप आ अउरी कई मंदिर देखे लायक बा। पुरातात्विक खुदाई में मिलल तरह तरह के मूर्ति आ सामन भी संग्रहालय में रखल बा जवन इतिहास आ संस्कृति की विद्यार्थी खातिर बहुत महत्व क चीज बा।
सारनाथ | |
---|---|
शहर | |
Coordinates: 25.3811°N 83.0214°E / 25.3811; 83.0214 | |
देस | भारत |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
Named for | सारंगनाथ |
भाषा | |
• ऑफिशियल | हिंदी |
Time zone | UTC+5:30 (IST) |
जैन धर्म के इग्यारहवाँ तीर्थंकर श्रेयांशनाथ के भी जनम एही जगह से थोड़ी दूरी पर भइल रहे जे से सारनाथ क महत्व जैन धर्म के माने वालन में भी बा।