![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8e/Chaukhandi_Stupa_on_a_hill%252C_Sarnath.jpg/640px-Chaukhandi_Stupa_on_a_hill%252C_Sarnath.jpg&w=640&q=50)
चौखंडी स्तूप
सारनाथ में एगो बौद्ध स्तूप / From Wikipedia, the free encyclopedia
चौखंडी स्तूप भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के बनारस शहर के नगीचे परसिद्ध बौद्ध तीरथ सारनाथ में एगो बौद्ध स्तूप बा। गुप्त काल (लगभग चउथी-पाँचवी सदी) में बनल ई स्तूप ओह अस्थान के चीन्हा के रूप में बनावल गइल हवे जहाँ गौतम बुद्ध के भेंट पहिला पाँच गो शिष्य लोग से भइल, जिन्हन लोग के ऊ सारनाथ में आपन पहिला उपदेश दिहलें।
Quick Facts चौखंडी स्तूप, बेसिक जानकारी ...
चौखंडी स्तूप | |
---|---|
![]() चौखंडी स्तूप के ऊपरी हिस्सा | |
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | ![]() |
अक्षांस-देशांतर | 25.374102°N 83.023658°E / 25.374102; 83.023658 |
धर्म/मत | बौद्ध |
मुयुनिसिपैलिटी | सारनाथ |
District | बनारस |
राज्य | उत्तर प्रदेश |
देस | भारत |
स्टेटस | संरक्षित |
बिसेस लच्छन | |
मिनारा | 1 |
मटेरियल | ईंटा |
Close
स्तूप, सारनाथ के मुख्य खोदाई स्थल से दक्खिन ओर मौजूद बा आ ई चौकोर चबूतरा सभ के तीन गो मंजिल के रूप में बनल रहे। वर्तमान में एकरे ऊपरी हिस्सा में अठकोनी बुर्जी बा जे बाद के जमाना के निर्माण हवे।