भारत के राष्ट्रीय चीन्हा
From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत के राष्ट्रीय चीन्हा कुल सरकारी रूप से घोषित आ स्वीकार कइल चीन्हा बाड़ें कुल जइसे की भारत क झंडा, राष्ट्रगान, निशान, फूल वगैरह ई निसान कुल अलग अलग समय पर भारत सरकार अपनावल आ ए में कई गो भारत की आजाद भइले से पहिलहीं स्वीकार कई लिहल गइल रहलें, जइसे झंडा के डिजाइन आजादी से पहिले बन गइल रहे बाकी एके संबिधान सभा 22 जुलाई 1947 के स्वीकार कइलस।[1] एकरी अलावा समय समय पर अउरी चीन्हा कुल जुड़त गइल।[2]
इन्हन के एगो लिस्ट की रूप मेंनीचे दिहल गइल बाटे: