विश्वनाथ मंदिर
बनारस के बीएचयू में शिव मंदिर / From Wikipedia, the free encyclopedia
एकरा के काशी विश्वनाथ मंदिर से अलगा बूझल जाय।
श्री विश्वनाथ मंदिर बनारस में एगो हिंदू मंदिर बा। मंदिर हिंदू देवता शिव के समर्पित हवे आ बनारस हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) के कैंपस के बीचोबीच बनल बा। मंदिर के निर्माण बी आर बिड़ला द्वारा करावल गइल रहे, एही कारण एकरा के बिड़ला मंदिर भी कहल जाला। पुराना समय से बनारस के मुख्य देवता विश्वेश्वर शिव के मुख्य आ पुरान मंदिर काशी विश्वनाथ मंदिर से अलग करे खाती एकरा के नया विश्वनाथ मंदिर (मतलब: नवका विश्वनाथ मंदिर) भी कहल जाला।[1] बीएचयू में एकरा के छोट रूप में वीटी भी कहल जाला[2] जे विश्वनाथ टेंपल के शार्ट फार्म हवे। विश्वनाथ मंदिर दुनिया क सभसे ऊँच मंदिर हवे, जेकर चोटी क ऊँचाई लगभग 250 फीट ऊँच बाटे।[3][4][5][6][7][8]
Quick Facts श्री विश्वनाथ मंदिर, भूगोल ...
श्री विश्वनाथ मंदिर | |
---|---|
भूगोल | |
भूगोलीय स्थिति | 25.266034°N 82.987847°E / 25.266034; 82.987847 |
देश | भारत |
State | उत्तर प्रदेश |
जिला | बनारस |
लोकेशन | बनारस हिंदू विश्वविद्यालय, बनारस |
ऊँचाई | 86.493 मी (284 फीट) |
इतिहास आ प्रशासन | |
रचनाकार | बिड़ला खानदान |
Close