भारत के भूगोल
भारत देस के भूगोल के बिबरन / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत में बिबिध प्राकृतिक आ मानवीय चीजन के जगह भा क्षेत्र अनुसार बितरण, यानी कि भारत के भूगोल, हर तरह से बहुत विविधता वाला बाटे। एशिया महादीप के दक्खिनी हिस्सा में मौजूद भारत देस के भूगोलीय लोकेशन भूमध्य रेखा के 8°4' उत्तर (मुख्य भूमि) से 37°6' अक्षांस ले आ 68°7' पुरुब से 97°25' पुरुब देशांतर ले बाटे।[2] ई बिस्व के सातवाँ सभसे बड़हन देस हवे जेकर कुल एरिया 3,287,263 वर्ग किलोमीटर (1,269,219 वर्ग मील) बाटे।[3][4][5] भारत के उत्तर-दक्खिन के लंबाई 3,214 किमी (1,997 मील) आ पुरुब-पच्छिम के चौड़ाई 2,933 किमी (1,822 मील) बाटे आ एकर जमीनी सीमा 15,200 किमी (9,445 मील) आ समुंद्री तटरेखा 7,516.6 किमी (4,671 मील) बा।[1]
एह लेख के भोजपुरी में अनुवाद के जरूरत बाटे। ई लेख (या एकर कुछ हिस्सा) भोजपुरी की अलावे दूसर भाषा में लिखल बा। |
महादीप | एशिया |
---|---|
क्षेत्र | दक्खिन एशिया भारतीय उपमहादीप |
लोकेशन | 21°N 78°E |
रकबा | Ranked 7वाँ |
• कुल | 3,287,263 किमी2 (1,269,219 वर्ग मील) |
• जमीन | 90.08% |
• पानी | 9.92% |
तटरेखा | 7,516.6 किमी (4,670.6 मील) |
सीमा | कुल जमीनी बार्डर:[1] 15,106.70 किमी (9,386.87 मील) बंगलादेश: 4,096.70 किमी (2,545.57 मील) चीन (पीआरसी): 3,488 किमी (2,167 मील) पाकिस्तान: 2,910 किमी (1,808 मील) नेपाल: 1,751 किमी (1,088 मील) म्यामांर: 1,643 किमी (1,021 मील) भूटान: 699 किमी (434 मील) |
सभसे ऊँच जगह | कंचनजंघा 8,598 मी (28,209 फीट) |
सभसे निचाई के जगह | कुट्टनाड −2.2 मी (−7.2 फीट) |
सबसे लमहर नदी | गंगा, ब्रह्मपुत्र |
सबसे बड़हन झील | चिल्का झील |
भारत के उत्तर में हिमालय के बहुते ऊँच पहाड़ बाटे आ दक्खिन में प्रायद्वीप वाला हिस्सा में ऊबड़-खाबड़ पठार मिलेला। दक्खिन में, भारत हिंद महासागर में आगे के ओर निकसल बा आ एही महासागर से घेराइल बाटे - एकरा पच्छिम में अरब सागर, दक्खिन-पच्छिम में लक्षदीप सागर, पूरुब में बंगाल के खाड़ी आ ठीक दक्खिन में हिंद महासागर बाटे। पाक जलजोड़ आ मन्नार के खाड़ी एकरा के श्रीलंका से अलगा करे लीं जे लगहीं दक्खिन पछिम में बाटे आ मालदीव एकरा लक्षदीप से लगभग 125 किलोमीटर (78 मील) दूरी पर दक्खिन में बा जे आठ डिग्री चैनल द्वारा अलग कइल जाला। भारत के अंडमान आ निकोबार दीपसमूह एकरा मुख्य भूमि से लगभग 1,200 किलोमीटर (750 मील) दक्खिनपुरुब में पड़े ला, ई म्यांमार, थाईलैंड आ इंडोनेशिया से समुंद्री सीमा सझिया करे लें। भारत के मुख्यभूमि के सभसे दक्खिनी बिंदु कन्याकुमारी के ठीक दक्खिन में (8°4′38″N, 77°31′56″E) बाटे आ दीपीय हिस्सा के सामिल कइल जाय तब ग्रेट निकोबार दीप पर इंदिरा प्वाइंट सभसे दक्खिनी बिंदु हवे। भारत के अधिकार वाला हिस्सा में सभसे उत्तरी बिंदु इंदिरा कॉल हवे जे सियाचिन ग्लेशियर क्षेत्र में बाटे। [6] भारत के टेरीटोरियल जलक्षेत्र समुंद्र में तट के बेसलाइन से 12 समुंद्री मील (13.8 मील; 22.2 किमी) के दूरी ले बाटे।[7] भारत के एक्सक्लूजिव इकोनामिक ज़ोन 18वाँ सभसे बड़हन हवे जे 2,305,143 किमी2 (890,021 वर्ग मील) के बिस्तार वाला बाटे।
भारत के उत्तरी सीमा बहुधा हिमालय परबत श्रेणी द्वारा तय होखे ले जे चीन, भूटान आ नेपाल के संघे बा। भारत-पाकिस्तान सीमा उत्तर में काराकोरम परबत, पच्छिमी हिमालय, पंजाब के मैदान,थार के रेगिस्तान आ कच्छ के रन समुंद्री नमकीन दलदल वाला इलाका ले बाटे। सुदूर पूर्बोत्तर में चिन आ कचिन के गम्हीर बन क्षेत्र वाली पहाड़ी श्रेणी सभ भारत आ म्यांमार केबीचा में सीमा बनावे लीं। पुरुब ओर एकर बांग्लादेश के साथे सीमा उत्तरी हिस्स्सा में खासी आ मिजो पहाड़ी से बने ले, बाकी सीमा गंगा-ब्रह्मपुत्र के मैदानी हिस्सा से गुजरे ले।
गंगा भारत में निकलेवाली एहिजा के सभसे लमहर नदी हवे। गंगाब्रह्मपुत्र सिस्टम एकरे अधिकांस उत्तरी, बिचला आ पुरबी हिस्सा के कभर करे ला जबकि दक्कन के पठार दक्खिनी हिस्सा के कभर करे ला। सिक्किम में भारत के सभसे ऊँच परबत चोटी 8,586 मी (28,169 फीट) ऊँचाई वाली बाटे आ ई दुनियाँ के तिसरी सभसे ऊँच चोटी हवे। गिलगित बल्तिस्तान में माउंट के2 दुनिया के दुसरी सभसे ऊँच छोटी हवे, हालाँकि, ई वर्तमान में पाकिस्तान के अधिकार में बाटे। भारत के जलवायु में मजिगर बिबिधता देखे के मिले ला; दक्खिन में भूमध्य रेखीय जलवायु से ले के उत्तर में अल्पाइन आ टुंड्रा जलवायु मिले ले जबकि पच्छिम में थार के सूखल रेगिस्तानी जलवायु बाटे। भूबैग्यानिक हिसाब से भारत भारतीय प्लेट पर स्थित बाटे जे खुद इंडो-ऑस्ट्रेलियन प्लेट के उत्तरी हिस्सा हवे।