![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/ce/India_map_of_K%25C3%25B6ppen_climate_classification.svg/langbh-640px-India_map_of_K%25C3%25B6ppen_climate_classification.svg.png&w=640&q=50)
भारत के जलवायु
भारत के जलवायु के परिचय आ बिबरन / From Wikipedia, the free encyclopedia
भारत के जलवायु एह देस के बिसाल इलाका में भरपूर बिबिधता लिहले बा जहाँ टोपोग्राफी आ अउरी परभाव मिल के भारतीय जलवायु के बर्गीकरण के मुश्किल बना देलें। कर्क रेखा एह देस के लगभग बीचोबीच से हो के गुजरेले जे आमतौर पर उष्णकटिबंध के उत्तरी सीमा मानल जाले, हालाँकि हिमालय के परभाव जे उत्तरी हवा सभ के भारत में प्रवेश करे से रोक देला, लगभग एह पूरा देस के जलवायु के उष्णकटिबंधी जलवायु बना देला। खुद हिमालय के ऊँच अल्पाइन टुंड्रा जलवायु वाला इलाक के छोड़ दिहल जाय तब पूरा भारत गरम जलवायु वाला क्षेत्र में आ जाला जेह में थार के रेगिस्तान से ले के पूर्वोत्तर आ केरल के खूब बरखा वाला इलाका सामिल बाड़ें। एह तरीका से इहाँ उष्णकटिबंधी जलवायु में बरखा के मात्रा आ सीजनल पैटर्न के चलते बिबिधता देखे के मिले ला। मानसूनी परभाव इहाँ बरखा के सीजनल बितरण के परभावित करे ला। एही कारण भारत के जलवायु के कुछ लोग उष्णकटिबंधी मानसूनी जलवायु के रूप में जनरलाइज करे ला।
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/c/ce/India_map_of_K%C3%B6ppen_climate_classification.svg/640px-India_map_of_K%C3%B6ppen_climate_classification.svg.png)
(Am) उष्णकटिबंधी मानसूनी
(Aw) उष्णकटिबंधी सवाना, नाम & सूखा
(BWh) गरम रेगिस्तानी |
(BWk) ठंढा रेगिस्तानी
(BSh) गरम कुछ-रेगिस्तानी
(BSk) ठंढा कुछ-रेगिस्तानी
(Csa) भूमध्यसा. सूखल आ गरम गरमी |
(Cwb) उपोष्णकटिबंधी ऊँचभूमि, जाड़ा सूखा
|
(Dsa) महादीपी जलवायु गरम गर्मी
(Dsb) महादीपी जलवायु कुछ गरम गर्मी
(Dwb) महादीपी जलवायु सूखा जाड़ा
(Dwc) उपार्कटिक महादीपी, जाड़ा सूखा |
कोपेन के वर्गीकरण के हिसाब से इहाँ छह गो मुख्य जलवायु प्रकार बाने जेह में पच्छिमी सूखा आ अधसूखा इलाका, आ उत्तर में हिमालय के अल्पाइन टुंड्रा वाला इलाका के अलावा बाकी सगरी जलवायु प्रदेश गर्म प्रदेश में रखल जालें जिनहन के वर्गीकरण में बरखा के भूमिका बा।