जनसंख्या अनुसार उत्तर प्रदेश के शहरन के लिस्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
उत्तर प्रदेश भारत के उत्तरी बिचला हिस्सा में एगो राज्य बाटे जेकर उत्तरी सीमा नेपाल से सटे ला आ ई हिमाचल प्रदेश, दिल्ली, हरियाणा, राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, झारखंड, आ बिहार नियर भारतीय राज्यन के साथे सीमा बनावे ला। ई भारत के सभसे ढेर जनसंख्या वाला राज्य भी हवे आ क्षेत्रफल के हिसाब से भारत में एकर चउथा अस्थान बाटे।
उत्तर प्रदेश कुल अठारह गो मंडल आ 75 गो जिला में बिभाजित बा।[1] इहाँ के जनसँख्या घनत्व भी ढेर बा। इहाँ भारत के 16.49 प्रतिशत जनसंख्या निवास करे ले।[2][3] एही कारण एह राज्य में बड़हन साइज के शहर सभ के संख्या भी ढेर बा।