एक्वाडक्ट
From Wikipedia, the free encyclopedia
पानी के सप्लाई के सिस्टम में बनल पुल खातिर, एक्वाडक्ट (पुल) देखल जाय।
एक्वाडक्ट (अंग्रेजी: Aqueduct; लातीन Aqua, "पानी" आ ducere, "पहुँचावल", से मिल के बनल शब्द) कौनों अइसन सिस्टम होला जौना के इस्तेमाल से पानी बहा के एक जगह से दुसरा जहग ले जाइल जा सके,[1] उदाहरण खातिर, नहर, नाला, पाइपलाइन, सुरंग वगैरह। एकरे अलावा ई शब्द पानी ले जाए वाली नहर या सुरंग के ओह हिस्सा के भी कहल जाला जहाँ ई पुल के रूप में होखे।[1] एक्वाडक्ट शब्द लातीनी भाषा से अंग्रेजी में आइल हवे आ ई लातिन के एक्वा, मतलब "पानी" आ डूसेरे, "पहुँचावल" से बनल बाटे। एक्वाडक्ट सभ के इस्तमाल प्राचीन मिस्र, प्राचीन यूनान आ प्राचीन रोम में होखे। वर्तमान समय में अमेरिका में इहाँ के बड़ा शहर सभ खातिर पानी पहुँचावे बदे नहर के रूप में कई ठो एक्वाडक्ट बनावल गइल बाड़ें।