हिंदी पट्टी
भारत के भाषाई-सांस्कृतिक इलाका जहाँ हिंदी भाषा आ हिंदी के बोली कहल जाए वाली भाषा आ बोली बोलल जाली / From Wikipedia, the free encyclopedia
हिंदी पट्टी, जेकरा के अंग्रेजी में हिंदी बेल्ट चाहे हिंदी हार्टलैंड भी कहल जाला, एगो भाषाई इलाका हवे जेह में उत्तरी, मध्य, पूरबी आ पच्छिमी भारत के कुछ हिस्सा सामिल बा जहाँ 'हिंदी' शब्द के तहत समाहित बिबिध मध्य भारत-आर्य भाषा सभ (उदाहरण खातिर, भारतीय जनगणना द्वारा) बोलल जालीं।[1][2][3][4][5] हिंदी पट्टी के प्रयोग कबो-कबो भारत के नौ गो राज्यन के भी कहल जाला जिनहन के राजभाषा हिंदी हवे, जवना में बिहार, छत्तीसगढ़, हरियाणा, झारखंड, मध्य प्रदेश, राजस्थान, उत्तर प्रदेश, हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड आ चंडीगढ़ आ राष्ट्रीय राजधानी के केंद्र शासित प्रदेश हवें दिल्ली हवें।[6][7][8][9] एकरा के कुछ लेखक लोग हिंदी–उर्दू बेल्ट भा हिंदुस्तानी बेल्ट भी कहे ला।[10]