पृथ्वी के कौनों हिस्सा के फोटो जे सैटेलाइट से लिहल गइल होखे From Wikipedia, the free encyclopedia
सैटेलाइट इमेज चाहे सैटेलाइट इमेजरी (अंग्रेजी: Satellite imagery), जेकरा के उपग्रह चित्र चाहे सैटेलाइट फोटो भी कहल जाला, सैटेलाइट (उपग्रह) पर लागल सेंसर सभ से पृथिवी के धरातल के कौनों हिस्सा के फोटो होखे लीं। सैटेलाइट के इस्तेमाल से पृथ्वी के फोटो लिहल रिमोट सेंसिंग के बिधा के अंतर्गत आवे ला आ अइसन सैटेलाइट सभ जे ई फोटो खींचे लें इमेजिंग सैटेलाइट (फोटो खींचे वाला सैटेलाइट), अर्थ ऑब्जरवेशन सैटेलाइट भा रिमोट सेंसिंग सैटेलाइट कहालें। ई सैटेलाइट बिभिन्न देसन के सरकार द्वारा चाहे प्राइवेट कंपनी सभ द्वारा ऑपरेट कइल जा रहल बाड़ें।
सैटेलाइट इमेज सभ के बिबिध तरीका के इस्तेमाल बाटे जे सेना आ सरकार द्वारा जासूसी से ले के पर्यावरण संबंधी रिसर्च आ मानिटरिंग, नक्शा बनावे आ अउरी बिबिध क्षेत्रशामिल बाड़ें। एह फोटो सभ के इस्तेमाल जीआइएस में आँकड़ा (डेटा) के रूप में होला। भूगोल आ भूगोलीय रिसर्च में सैटेलाइट इमेज के खास महत्व बाटे आ ई एक किसिम के भूगोलीय आँकड़ा के रूप से इस्तेमाल होखे लीं।
कौनों सैटेलाइट इमेज के मुख्य चीज होला ओकर बिबिध किसिम के रिजोल्यूशन। कौनों किसिम के रिमोट सेंसिंग में फोटो भा इमेज डेटा के रिजोल्यूशन मुख्य रूप से चार किसिम के होखे लीं — स्पेशियल, टेम्पोरल, स्पेक्ट्रल आ रेडियोमीट्रिक रिजोल्यूशन।[1] सैटेलाइटो सभ के लिहल इमेज में ई चारों तरह के रिजोल्यूशन होखे लीं आ डेटा के बिसेसता भा प्रकार बतावे में इनहन के इस्तेमाल होला। कुछ किसिम के इमेज सभ में पाँचवा, ज्योमेट्रिक रिजोल्यूशन, के बिसेसता के भी बतावल जाला आ धियान में रखल जाला।
चार किसिम के रिजोल्यूशन बाड़ें:
सैटेलाइट इमेज सभ के अलगा-अलगा आधार पर कई प्रकार में बाँटल जा सके ला:
पिक्सेल इमेज के सभसे छोट इकाई होला। इमेज में एगो पिक्सेल जमीन के केतना एरिया के देखा रहल बा एह आधार पर इमेज के स्पेशियल रिजोल्यूशन तय होला।[2] स्पेशियल रिजोल्यूशन आमतौर पर मीटर में लिखल आ बतावल जाला। 10m के रिजोल्यूशन के मतलब भइल कि इमेज एक एक ठो पिक्सेल जमीन पर के 10 मीटर लमहर आ 10 मीटर चाकर हिस्सा के एगो पिक्सेल में कभर करत बा। एह तरीका से ई नंबर जेतना छोट होखी इमेज के रिजोल्यूशन पावर ओतने बेसी आ बेहतर होखी। मने की 10 मीटर के स्पेशियल रिजोल्यूशन वाली इमेज से 1 मीटर स्पेशियल रिजोल्यूशन वाली फोटो में बेसी डिटेल में जानकारी दर्ज होखी काहें की ऊ हर 1×1 मीटर के एरिया खातिर एगो पिक्सेल के इस्तेमाल क रहल होखी।
एह आधार पर सैटेलाइट इमेज सभ के लो रिजोल्यूशन, मीडियम/मॉडरेट रिजोल्यूशन आ हाई रिजोल्यूशन के इमेज में बाँटल जाला।[3][2][4] एह रिजोल्यूशन के आधार पर इमेज के सटीकता (एक्यूरेसी) अलग-अलग होखे लें।[2]
मौसम बिज्ञान संबंधी आँकड़ा देवे वाली सैटेलाइट इमेज सभ के मुख्य रूप से तीन प्रकार में बाँटल जाला।[6][7] ई आधार एक तरह से स्पेक्ट्रल रिजोल्यूशन के आधार पर बर्गीकरण हवे जे अलगा-अलगा बैंड के डेटा के मौसम बिज्ञान में उपयोगिता के आधार पर इस्तेमाल कइल जाला।
Seamless Wikipedia browsing. On steroids.
Every time you click a link to Wikipedia, Wiktionary or Wikiquote in your browser's search results, it will show the modern Wikiwand interface.
Wikiwand extension is a five stars, simple, with minimum permission required to keep your browsing private, safe and transparent.