![cover image](https://wikiwandv2-19431.kxcdn.com/_next/image?url=https://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/1/1a/Brosen_windrose.svg/langbh-640px-Brosen_windrose.svg.png&w=640&q=50)
सिरोको
From Wikipedia, the free encyclopedia
सिरोको (अंग्रेजी: Sirocco /sɪˈrɒkoʊ/) भूमध्यसागरीय क्षेत्र में बहे वाली एगो लोकल हवा हवे। ई सहारा के रेगिस्तान से उठे ले आ उत्तर अफिरका आ दक्खिनी यूरोप के परभावित करे ले; एकर स्पीड हरीकेन के इस्पीड मतिन हो सके ला। ई गरम हवा होखे ले आ आमतौर पर गर्मी के सीजन में बहे ले। लीबियाई अरबी भाषा में एकरा के गिबिली कहल जाला।
More information The winds of the Mediterranean ...
Close
![Thumb image](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/8/8f/Sirocco_wind1.jpg/640px-Sirocco_wind1.jpg)
सिरोको गरम आ सूखल हवा होखे ले। हालाँकि, नमी सोख लेवे के बाद एह से बरखा भी होसके ला। एकरा साथे लाल बालू के कन गिरे लें जेकरा चलते अइसन बरखा के "ब्लड रेन" (खून के बरखा) कहल जाला।[1]